भोजपुरी के पुनरुक्ति शब्द आ युग्म शब्द

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

देखल जाव त भोजपुरी में पुनरुक्ति शब्द आ युग्म शब्द खूब बोलल जाला, त आज हमनी के जानेब जा का ह पुनरुक्ति शब्द आ ओकर प्रकार आ ओकरा साथे उदहारण।

पुनरुक्ति शब्द यौगिक शब्दन के एगो भेद ह आ येमे से कुछ सामासिक भी होला। यौगिक शब्दन के एगो रूप बा युग्म शब्द एकर माने होला जोड़ा। जब कवनो शब्द आपन समानार्थी, विलोमार्थी भा मिलत-जुलत शब्दन के साथ जोडा बना के प्रयुक्त होला तब ओकरा के युग्म कहल जाला। पुनरुक्ति उ हऽ जवना में एकही गो शब्द के दोहरावल जाला जवन की पृथक, यादृच्छिक, पुनरुक्ति रूपांतर के संबंध के बतावेला।

संज्ञा, सर्वनाम, विशेषण, क्रिया, क्रिया-विशेषण आदि शब्दन से पुनरुक्ति शब्द बनेला।

पुनरुक्ति के परकार

पूर्ण पुनरुक्ति – जब एके गो शब्द के एके साथे लगातार दोहरावल जाव तब ओकरा पूर्ण पुनरुक्ति कहल जाला।

उदहारण खातिर
संज्ञा – गाँव-गाँव, भाई-भाई, गली-गली।
सर्वनाम – केऽ-केऽ , जेऽ-जेऽ आदि।
क्रिया – हसत-हसत, देखत-देखत, आवत-आवत आदि।

आंशिक पुनरुक्ति – जब एके गो शब्द के दोहरावल जाव तब दोसर शब्द एक जइसन ना होखे ला बाकिर ओह में ध्वनि या अर्थ के आधार पऽ शब्द समान होखे।

जइसे : काम-काज, जोर-शोर, हऽल-चऽल

अर्थ के आधार पर तीन प्रकार के पुनरुक्ति निम्न हैं-

मतलब (अर्थ) के आधार पऽ पुनरुक्ति शब्द तीन तरह के होला

  • विलोम – दिन-रात, लेन-देन
  • पर्याय – बाग-बगइचा , धन-दउलत
  • वर्गीय – दाना-पानी, पोथी-पतरा

आइ देखल जाव भोजपुरी के पुनरुक्ति शब्द

  1. अजार – बाजार
  2. अंट – संट
  3. अल – बल
  4. अप – जस
  5. अलग – बिलग
  6. अन्हरिया – अंजोरिया
  7. आसन – डासन
  8. आरी – कगरी
  9. आदमी – जन
  10. आगे – पीछे
  11. आपन – पराया
  12. गाय – गोरू
  13. गाली – फक्कड़
  14. गाछ – बिरिछ
  15. गाना – बजाना
  16. गरीब – गुरबा
  17. गोबर – गोथार
  18. गहना – गुरिया
  19. घटल – बढ़ल
  20. घर – बन
  21. घोर – घार
  22. घर – दुआर
  23. घास – पात
  24. घाट – बाढ़
  25. घर – गृहस्थी
  26. देवता – पीतर
  27. दउर – धूप
  28. दूर – दूर
  29. दर – दर
  30. दु:ख – सुख
  31. दीन – दुखिया
  32. दान – पुन
  33. दान – दहेज
  34. दाँवल – पीसल
  35. दउरी – मउनी
  36. दिना – दिरीठ
  37. देसक – दूर
  38. धीया – पूता
  39. धनी – मानी
  40. धीरे – धीरे
  41. भुखल – पिआसल
  42. मोंट – झोंट
  43. मोल – जोल
  44. माल – गोरू
  45. मेला – ठेला
  46. मोह – माया
  47. मार – पीट
  48. मइल – कुचइल
  49. मारा – मारी
  50. माई – बहिनी
  51. मांड़ – भात
  52. मालिक – मुखतार
  53. मरन – जिअन
  54. मछरी – मांस
  55. मांज – मुंज
  56. आदर – सतकार
  57. आर – डरेर
  58. आइल – गइल
  59. ओरी – ओरवानी
  60. ओढ़ना – बिछौना
  61. ओखर – मूसर
  62. ओझा – गुनी
  63. ओरिये – खोरिये
  64. ँच – नीच
  65. उतिम – मधिम
  66. उल्टा – पलती
  67. कमाइल – धमाइल
  68. कर – धर
  69. कइल – धइल
  70. कपड़ा – लाता
  71. करज – उआम
  72. केंठी – माला
  73. कले – कले
  74. काट – कूट
  75. काना – फूसी
  76. कान्हा – कांखी
  77. कान – कनैठी
  78. कीच – कांच
  79. किन – किन
  80. कुटवन – पिसवन
  81. टूटल – पिसल
  82. कोठा – अमारी
  83. इजत – बरोह
  84. इजत – पानी
  85. कनिया – बहुरिया
  86. कुसल – छेम
  87. कोला – कोलाई
  88. कांच – पाकल
  89. काम – का
  90. कह – सुन
  91. कुहुक – कुहुक
  92. कुसल – मंगल
  93. करता – धरता
  94. कूंची – बढ़नी
  95. घूस – घास
  96. घूसा – मुक्की
  97. घसीट – फसीट
  98. घटर – घटर
  99. घाम – बेआर
  100. चूमा – चाटी
  101. चूप – चाप
  102. चोर – चुहाड़
  103. चिकन – चाकन
  104. चिंता – फिकिर
  105. चाल – ढाल
  106. चीर – फार
  107. चमक – दमक
  108. चर – चुर
  109. चोट – मोच
  110. चउकठ – केवारी
  111. चबर – चबर
  112. चोप – चोपाह
  113. चिरकुट – मिरकुट
  114. चीर – फाड़
  115. चूड़ी – लहठी
  116. छल – कपट
  117. छोह – नोह
  118. छाँट – छूँट
  119. छुआ – छूत
  120. छेर – छार
  121. छेरल – पोंकल
  122. छीन – झपट
  123. छूटल – भटकल
  124. छूरा – छूरी
  125. छोट – बड़
  126. छहर – छहर
  127. छिट – पुट
  128. छाँट – छाँट
  129. जोग – टोन
  130. जग – परोजन
  131. जादू – टोना
  132. जरना – काठी
  133. जहाँ – तहाँ
  134. जगह – जमीन
  135. जर – जजाद
  136. धक्का – मुक्की
  137. धर – पकड़
  138. धी – दामाद
  139. नीमन – बेजाय
  140. नइहर – ससुरा
  141. निघटे – निघटे
  142. नेम – टेम
  143. नून – तेल
  144. नात – नतउर
  145. नीप – पोत
  146. नजर – गुजर
  147. नाद – घोठा
  148. नदी – नाला
  149. नींच – ँच
  150. नेह – छोह
  151. नार – खोर
  152. नाचल – कूदल
  153. नाप – जोख
  154. पूआ – पूड़ी
  155. पइसा – कउड़ी
  156. पौनी – पसारी
  157. पउआ – पाटी
  158. पटी – पटिदार
  159. परसो – नरसो
  160. पुल – पुल
  161. पीट – पीट
  162. पोर – पोर
  163. पी – पा
  164. पटर – पटर
  165. पइंचा – उधारी
  166. पइसा – ढेबुआ
  167. पटका – पटकी
  168. पुरान – धुरान
  169. पीछे – पीछे
  170. पूजा – पाठ
  171. परती – परात
  172. पथल – पखान
  173. पास – पड़ोस
  174. मनई – मजदूर
  175. मार – का
  176. टोना – टटका
  177. टाँय – टाँय
  178. टापा – टोइया
  179. टोला – टपरी
  180. टाट – पलानी
  181. टके – टके
  182. ठांवे – ठांव
  183. ठूस – ठूस
  184. ठाँव – चउका
  185. ठाट – बाट
  186. ठोकल – ठेठावल
  187. डर – भय
  188. डरावल – धमकावल
  189. डार – पात
  190. डाँड़ – मेड़
  191. ढेंकी – जांत
  192. ढहल – ढिमलाइल
  193. रंडी – भंड़ुआ
  194. रोज – रोज
  195. रोआ – रोहट
  196. राज – पाट
  197. रगरा – रगरी
  198. राही – बटोही
  199. रास्ता – पेंडा
  200. लूर – ढंग
  201. लप – चप
  202. लसर – लसर
  203. लोग – बाग
  204. लूगा – झूला
  205. लेवा – गुदरा
  206. लूला – लँगड़ा
  207. लड़िका – फड़िका
  208. लोटा – डोरी
  209. लात – मुक्का
  210. लात – जूता
  211. लाज – हया
  212. लाज – सरम
  213. लौना – लकड़ी
  214. लाता – लाती
  215. ककही – थकरी
  216. कीन – बेसह
  217. कल – कराह
  218. कल – बल
  219. खुटुर – खुटुर
  220. खीस – पीत
  221. खरची – कलेवा
  222. खदर – बदर
  223. खने – खने
  224. खर – खदुका
  225. खर – मुसली
  226. खच – खच
  227. खाइल – पिअल
  228. खखड़ल – मखड़ल
  229. खींचा – तानी
  230. खोज – खाज
  231. खा – पी
  232. खेत – खलिहान
  233. खोल – खाल
  234. खाद – पानी
  235. गारी – फकरी
  236. गाजा – बाजा
  237. गांव – गवर्इं
  238. गाँवां – गार्इं
  239. गुल – गुल
  240. गचा – गच
  241. गल – गोंछ
  242. गुजुर – गुजुर
  243. गींज – गांज
  244. गुदर – गुदरी
  245. गोला – गोदाम
  246. गट – गट
  247. गत – गत
  248. गार – गुर
  249. गोदा – गोदी
  250. गाँव – जवार
  251. गाँव – नगर
  252. जग – जूप
  253. जाँच – परताल
  254. जिया – जानवर
  255. जाड़ – ठाढ़
  256. जोर – गांठ
  257. जन्तर – मन्तर
  258. जर – बोखार
  259. जनम – करम
  260. जड़ी – बूटी
  261. जाड़ा – पाला
  262. जात – बेरादर
  263. जोत – जात
  264. जस – जस
  265. झाड़ – फूंक
  266. झगरा – तकरार
  267. झिन – झिन
  268. झुन – झुना
  269. झिहिर – झिहिर
  270. झर – झर
  271. झट – पट
  272. झिल – मिल
  273. झोंटा – झोंटी
  274. झगड़ा – झंझट
  275. झील – झक्कड़
  276. झिसी – फूसी
  277. तय – तपड़ा
  278. तियन – तरकारी
  279. तेल – तासन
  280. तड़पा – तड़पा
  281. ताल – तलैया
  282. तीज – त्यौहार
  283. थर – थर
  284. थोड़ा – बहुत
  285. थोर – थार
  286. देह – नेह
  287. देसा – देसी
  288. दूर – दराज
  289. दया – माया
  290. दिया – बाती
  291. दवा – दारू
  292. दया – माया
  293. पोथी – पतरा
  294. पाड़ा – पाड़ी
  295. फूल – खांड
  296. फर – फरहरी
  297. फूल – पट्टा
  298. फाटलपुरान
  299. फेरा – फेर
  300. फूस – फास
  301. फूंक – फांक
  302. बर – बटैया
  303. बान्ह – बून्ह
  304. बाचल – खूचल
  305. बहार – सोहार
  306. बजर – बजर
  307. बूढ़ – पुरनिया
  308. बरतन – बासन
  309. बन – बनिहारी
  310. बो – बा
  311. बाल – बच्चा
  312. बासन – डासन
  313. बारी – कुँआरी
  314. बाग – बगीचा
  315. बेर्ही – बखार
  316. बांट – चोंट
  317. बोली – बकार
  318. बरखा – बूनी
  319. बापे – पूते
  320. बकरी – छेर
  321. बनिया – बेका
  322. बएल – बधिया
  323. भुलाइल – भटकल
  324. भुइया – भुपाल
  325. भूखा – दुखा
  326. भोला – भाला
  327. भुकुर – भुकुर
  328. भादो – भदवार
  329. भदा – भद
  330. भूल – चूक
  331. भाई – भउजाई
  332. भरम – भटका
  333. भनर – भनर
  334. लनर – बनर
  335. सेवा – टहल
  336. सुतल – बइठल
  337. सुआ – सुतारी
  338. समझावत – बुझावल
  339. साव – हाकिम
  340. सुखार – दहार
  341. सुखल – पाकल
  342. सहर – सहर
  343. संउसे – संउसे
  344. सटा – सट
  345. सुरखी – लहठी
  346. समझ – बूझ
  347. सास – ननद
  348. सास – ससुर
  349. सोर – सराबा
  350. साँझ – बिहान
  351. साथ – संगत
  352. सुखले – सुखल
  353. सानी – पानी
  354. सतुआ – बरुआ
  355. सतुआ – भूंजा
  356. हवा – बेयार
  357. हल्ला – गुल्ला
  358. हाड़ – गोड़
  359. हाड़ – मांस
  360. हड्डा – बिरनी
  361. हरदी – चूना
  362. हाथी – हथिसार
  363. हाव – भाव
  364. हफर – हफर
  365. हारल – थाकल
  366. हिस्सा – बखरा
  367. हिस्सा – पताई
  368. हँसी – मजाक
  369. हिसाब – किताब
  370. हरबा – हथियार
  371. हिलावल – डुलावल
  372. हलुकपातर

कुछ कमी बेसी हो सकेला तऽ टीम जोगिरा रउवा से निहोरा करता अगर रउवा कतहुँ गलती लउकता तऽ जरूर बताइ, हमनी के जरूर सुधार करेम सन।

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पहिलका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : दुसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : तिसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : छठवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : सातवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : आठवाँ दिन

ध्यान दीं: भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े खातिर जोगिरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं

आपन राय जरूर दीं