“भोजपुरी श्लील गीत” अउरी भोजपुरी विचार प्रतियोगिता संपन्न

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

काल देर शाम 30 दिसंबर के भोजपुरी उत्थान समिति के ओर से भोजपुरी अश्लीलता के विरोध में श्लील गीत, प्रतियोगिता और भोजपुरी के भाव परिचर्चा, आर पी स्कूल ढढ़नी भानमल राय में सकुशल संपन्न भइल

कार्यक्रम क शुभारंभ विशिष्ट अतिथि अनिल श्रीवास्तव जी क हाथे सरस्वती माता के पूजन अउरी प्रेमी ओमप्रकाश शर्मा के भजन से होइल , एकरा बाद मुख्य अतिथि ढढ़नी ग्राम प्रधान श्री धर्मेंद्र यादव जी भोजपुरी में बढ़ रहल अश्लीलता और भोजपुरी के प्रति लोगन के उदासीनता पर गहरा चिंता व्यक्त कइलन ।

भोजपुरी साहित्य खातिर समर्पित इंजीनियर अब हमनी का बीच ना रहनी।

भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता दिलावे बदे भइल चर्चा में जावेद अख्तर जी कहलन कि एगो शिक्षित वर्ग के लोगन द्वारा भोजपुरी क प्रस्तुतीकरण, भोजपुरी ना बोल पावल एगो बहुते चिंता क विषय बा जे भोजपुरी के पिछड़ला के प्रमुख कारण बा, चर्चा में सुरेश सौरभ, कमलेश कौशिक जी आपन विचार रखलें अउरी साथे – साथ भोजपुरी उत्थान समिति के द्वारा उठावल गइल कदम पर चर्चा कइल गइल ।

"भोजपुरी श्लील गीत" अउरी भोजपुरी विचार प्रतियोगिता
“भोजपुरी श्लील गीत” अउरी भोजपुरी विचार प्रतियोगिता

जय प्रकाश पाण्डेय क अध्यक्षता में संगीत के माध्यम से प्रस्तुति देवे वालन में में कुंवर सिंह सितारे ऐनल हक अंसारी, दीपक और राणा रंजीत बासु रहलन । ऐनुल हक अंसारी जी के अपना पूरा जिनगी संगीत के सेवा करे के खातिर विशेष सम्मान से डॉ ह्रदय नारायण शर्मा जी के द्वारा सम्मानित कइल गइलन ।

स्कूली छात्र-छात्रा के भोजपुरी में विचार रखे खातिर ओहन लोग के मेडेल पहिना के जिला पंचायत सदस्य श्री शिव बच्चन यादव जी अउरी सामाजिक कार्यकर्ता श्री राजू राय जी सम्मानित कइलन जा । भोजपुरी उत्थान समिति के प्रबंधक सचिव रणजीत सिंह यादव चिंता व्यक्त करत कहलन कि -भोजपुरी क्षेत्र के कुछ कवि लेखक के छोड़कर सभे भोजपुरी के अपना कर्मक्षेत्र न बना के हिंदी के अलावा दूसर भाषा के चुनलें, जेकरा चलते भोजपुरी भाषा पिछड़त गईल अउर भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता ना देवे जावे में विशेष रोड़ा बन बइठल , जाने -अनजाने में मजदूर वर्ग भोजपुरी के विश्व में सबसे तेजी से उभरत भाषा बना देहले । मंच संचालन क कार्यभार धनंजय सिंह यादव जी ने संभलन ।

कार्यक्रम में श्री महेंद्र यादव, अवधेश कुशवाहा, सिंहासन कुशवाहा, राम केसर , पप्पू पहलवान, लक्ष्मण शर्मा, संजय तिवारी, कृष्ण मुरारी, मनु कवि की उपस्थिति सराहनीय रहल । अंत में भोजपुरी उत्थान समिति क उपाध्यक्ष जय प्रकाश पाण्डेय जी एह कार्यक्रम में आइल सभे लोगन के प्रति आभार प्रकट कइलन ।

आपन राय जरूर दीं