भोजपुरी सिनेमा जगत के कारण भोजपुरिया संस्कृति पडल बा खतरा मे

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी सिनेमा जगत अश्लीलता मनोरंजन के भूखाईल दर्शकन के थाली में परोस रहल बा, जेकरा चलते आपन भोजपुरी संस्कृति बर्बाद रहल बा।
जोगीरा डॉट कॉम भोजपुरी सिनेमा जगत में व्यापत अश्लीलता के खिलाफ आपन विरोध जता चुकल बा। ऐसे पहिले जोगीरा डॉट कॉम पर “भोजपुरी फिलिम जगत अश्लीलता परोसे में सबसे आगे” शीर्षक से अपन विरोध व्यक्त कइले रहे।

भोजपुरी सिनेमा जगत व्यापत अश्लीलता के खिलाफ अभियान जोगीरा डॉट कॉम के साथ और भी लोग दे रहल बा, जेमे “फिल्मी डोज” के नाम सब से आगे बा।

जोगीरा डॉट कॉम के साथ कुछ निर्देशक, नायिका ओउरी नायक भी दे रहल बड़े, जेकर नाम गुप्त राखल गइल बा।

जोगीरा डॉट कॉम एक मशहूर निर्देशक के साथ कइल गइल बात के कुछ अंश रउरा सामने रख रहल बा

जोगीरा डॉट कॉम से बात के सिलसिला में निर्देशक जी बतवलन कि ई देख के हीं बहुत दुख हो रहल बा कि भोजपुरी सिनेमा जगत आपन भोजपुरिया संस्कृति के भुला गईल बा, जवन कि भोजपुरिया समाज के खातिर बड़ा चिन्ता के बात बा। फिलिम दर्शकन के मनोरंजन खातिर बनेला, लेकिन साथ साथ इहो बात ध्यान राखे के चाहीं कि दर्शकन के मनोरंजन होखे लेकिन भोजपुरिया संस्कृति के छवि और मर्यादा बचल रहे।

अब समय आ गईल बा कि निर्माता-निर्देशक लोग एगो बईठक कऽ के ई निर्णय लिहल जाव कि भोजपुरी सिनेमा जगत कुछ अईसन फिलिम बना के शुरुआत करे कि जेकरा से भोजपुरिया संस्कृति के साथ साथ भोजपुरी सिनेमा जगत के छवि सुधरे। भोजपुरी फिलिम अइसन होखे के चाही कि हमनी के सारा परिवार के साथ देख सकी जा, ओउरी जे निर्माता-निर्देशक, नायक-नायकी बना रहल बा उहो आपना परिवार के साथ बइठ के देख सकस।

हमनी के ई जानत बानीं कि अश्लीलता के वायरस जल्दी हटे वाला नईखे लेकिन अगर निर्माता-निर्देशक आपन मानसिकता सुधार के सही से दवाई करिहे तऽ एह अश्लीलता नाम वाला वायरस के जड़ से खतम कइल जा सकत बा, शुरूआती दौर में दस ना तऽ कम से कम साल में चारो पचो गो फिलिम एह वायरस से अछूत राख के बनावे पड़ी, ताकि देश-दुनिया के लोग कहे कि भोजपुरी में भी अहला दरजा के फिलिम बनेला. ना तऽ आज के समय में जवन भोजपुरी के छवि बनल बा उ खाली अश्लीलता अउरी अनुभव के कमी में बनल फिलिमन में हो रहल बा।

भोजपुरी सिनेमा जगत अनुभव हीनता के शिकार हो गइल बा। भोजपुरी सिनेमा जगत में बहुते अइसन कलाकार बाड़े जे अभिनय के क,ख,ग,घ भी नईखन जानत, ना ओकरा भोजपुरी संस्कृति बारे में पता बा बस पता बा त केगा आपन बैंक बैलेंस बढावल जाव, आपन पईसा निकाले खातिर जम के अश्लीलता अउरी अश्लीलता शब्दन के इस्तेमाल हो रहल बा।

केहू एगो कहानी लिख के कहानीकार बन जात बा तऽ दू-चार गो अश्लील अउरी फूहड़ गीत लिख के गीतकार, नचनियाँ बन जाता सुपरस्टार अब जब अइसन लोग इंडस्ट्री में रही तऽ कहां जाई भोजपुरिया संस्कृति एकर कल्पना नईखे कईल जा सकत।

सबसे खराब हालत भोजपुरी के संगीतकार लोगन के बा, इनका लोग के हालत बारात में बाजा बजावे वाला बैण्ड पार्टी वाला के जइसन हो गइल बा, गाना सुनके रउरा लगी कि गाना रहरी या मुजी के ख़ेत मे बइठ लिखल ओउर गाइल गइल बा, ना शब्द के ज्ञान ना संगीत के कुछ अता पता बा। गाना सुन ली त कान मे से खून निकल जाव। देवर भौजाई के रिश्ता त पूछिए मत, रिश्ता के मतलबे बदल के रख देहले बाड ऽ सन।

हम खुद हाल में एगो भोजपुरी फिलिम बनवले रहनी जवना में मजबूरी में कुछ गरम मशाला डलनी, लेकिन अब हमरा ई एहसास हो गईल बा कि फिलिमन के असर सीधा दर्शक के दिमाग पर पड़ेला, अब हम आपन जवन अगिला फिलिम बनायेम ओह के अश्लीलता से बहुते दूर राखेम, काहे कि ईहां सवाल खाली भोजपुरी सिनेमा जगत के नईखे, सवाल बा पूरा भोजपुरिया संस्कृति के आ एह खातिर सब निर्माता-निर्देशक के आगे आके अपना संस्कृति के ध्यान में राख के फिलिम के निर्माण करे के पड़ी. जइसे कि दोसरा क्षेत्रीय भाषा के फिलिमन में खुद के संस्कृति के बहुते करीब से ख्याल राखल जाला ओईसे हमनियों के राखे पड़ी।

टीम जोगीरा भोजपुरी फिलिम जगत में वयाप्त अश्लीलता के खिलाफ अभियान चला रही है रउरा लोगन से हमार बिनती बा कि इ अभियान में हमनी के साथ दी।

जेतना हो सके ये पोस्ट के शेयर करी, भोजपुरिया संस्कृति के बचाई, भोजपुरिया दर्शके के जागरूक बनाई

रउरा लोग आपन बिचार जोगीरा के ईमेल आइड पर भेजी, जोगीरा के ईमेल आइड ह “info@sh002.global.temp.domains

चाही त रउरा लोग अपन बिचार फेसबुक पर जोगीरा के वॉल पे लिखी, जोगीरा के फेसबुक एड्रेस ह “https://www.facebook.com/Jogira” जोगीरा के फेसबुक पेज लाइक करी आउर आपन टिप्प्णी लिखी।

टीम जोगीरा के रउरा लोग के टिपप्णी और समीक्षा के बेसरी से इंतजार रही, रउरा लोग के टिपप्णी और समीक्षा जोगीरा के वेबसाइट पर भी छपल जाई।

निवेदक: चन्दन कुमार सिंह

आपन राय जरूर दीं