भोजपुरी सतसई

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प , रउवा सब के सोझा बा कपिल पाण्डेय जी आ भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के सम्पादित कइल भोजपुरी किताब भोजपुरी सतसई , जवना में भोजपुरी के छियासी कवियन के प्रतिनिधि दोहा संकलन कइल गइल बा । एह किताब के डाउनलोड करि आ पढ़ीं, आपन राय जरूर दीं कि रउवा इ भोजपुरी किताब कइसन लागल आ रउवा सब से निहोरा बा कि शेयर जरूर करी।

बच्चा बोला देखकर मस्जिद आलिशान
अल्ला तेरे एक का एतना बड़ा मकान

मंदिर के भीतर चढ़े पूरी वो मिस्ठान
मंदिर के बाहर खड़ा ईश्वर माँगे दान

ई दुनू आ इन्हनीे जइसन कुछ आउर दोहा उर्दू के मशहूर शायर निदा फालजी के मुँह से एगो मुशायरा में सुन के, आ ओकरा पर मिलल श्रोता के वाहवाही देख के दंग रह जाए के पड़ल, आ जनाइल की हिन्दीए में ना, उर्दुओं में एह घड़ी दोहा के लहर चल रहल बा, आ दोहा खूब लिखा-पढा रहल बा। भोजपुरीओ में एह छंद रचना के लहर उठे लागल बा आ अनेक कवि जम के दोहा लिख रहल बाड़े।

कपिल पाण्डेय जी आ भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के सम्पादित कइल भोजपुरी किताब भोजपुरी सतसई
कपिल पाण्डेय जी आ भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के सम्पादित कइल भोजपुरी किताब भोजपुरी सतसई

अउरी भोजपुरी किताब पढ़ें खातिर क्लिक करि

अइसे, भोजपुरी में दोहा पहिलहू से छिटपुट लिखात रहल बा। भोजपुरी के आदि कवि कबीर आउर लोककवि घाघ, भड्डरी आ डाक के रचना एह बात के प्रमाण बा की भोजपुरी कविता एह छंद के बहुत पाहिले से अपना चुकल बा।

आजादी के बाद, भोजपुरी कविता के रचनात्मक उठान का दौर में कुछ अइसन कवि भइले जे दोहा छंद के छिटफुट प्रयोग कइले। अइसन कवि लोगन में प्राचार्य मनोरंजन, आचार्य महेंद्र शास्त्री, आ दुर्गाशंकर प्रसाद सिंह ‘नाथ’ के नाम लिहल जा सकेला।

आगे चलके विश्वनाथ प्रसाद ‘शैदा’, शास्त्री सर्वेन्द्रपति त्रिपाठी, अविनाशचंद्र विद्यार्थी, उदयकरण शर्मा आ डॉ जीतराम पाठक कुछ छिटफुट दोहा लिखले आ कुलदीप नारायण ‘झड़प’ त ‘मातृशतक’ नाम से सौ गो दोहा के रचना कइले जे उनकर कविता संग्रह ‘दीपदान’ में समाहित बा।

कपिल पाण्डेय जी आ भगवती प्रसाद द्विवेदी जी के सम्पादित कइल किताब भोजपुरी सतसई डाउनलोड करे के खातिर क्लिक करीं

ध्यान दीं : इ किताब भोजपुरी साहित्यांगन से डाउनलोड कइल गइल बा

रउवा खातिर  
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
जानवर के नाम भोजपुरी में
भोजपुरी में चिरई चुरुंग के नाम

इहो पढ़ीं
भोजपुरी गीतों के प्रकार
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १
भोजपुरी पहेली | बुझउवल
भोजपुरी मुहावरा और अर्थ
अनेक शब्द खातिर एक शब्द : भाग १
लइकाई के खेल ओका – बोका
भोजपुरी व्याकरण : भाग १
सोहर

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं