फेसबुक बाबा के लीला | भोजपुरी कहानी | अमित सिंह लोहतम

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव अमित सिंह लोहतम जी के लिखल भोजपुरी कहानी फेसबुक बाबा के लीला, रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा अमित सिंह लोहतम‎ जी के लिखल भोजपुरी कहानी अच्छा लागल त शेयर जरूर करी।

अब केहू के मन नइखे लागत इनकरा बेगर, इनकरा बेगर अब जादा घरी रहे में अउजैनी ले लेता, इनकरा के देखला बेगर नेहान भी नइखे होत, बेगर निहरले रतिया के उंघियो नइखे आवत अब बुझाता कि इनकरा बिना करेजवा के धुक धूकी ना चली, सुते से पहिले आ जागते मुन्हारे भोरहरिया में इनकरा निहारला बेगर अउजईयनी लेसले रहता जईसे कुकुर के कुकुरमछी तबाह करेले, का लईकी का लइका का पुरनीया का नवही अधेड़ होखस चाहे जनमतूआ सभे के लागल बा इनकर चासका सभ केहू इनका कुकुर के छिनारो में पर गइल बा केहू चोरा के इनका के चालावत बा ता केहू डीठार।

नवही त नवही हा अब त गांव के बुढ पुरनिया लोग भी इनका बेगर नइखे रहत जइसे पहिले भोर आ गधबेर में रामायण के चउपाई बाचला बिना ना रहत रहे लोग उनकरो लोग के फेसबुक बाबा के प्रवचन सुनला बेगर उंघी ना लागत बा , बाबूजी मुअस चाहे माई मुअस ,आजी मुअस चाहे बाबा चाहे मर जाए काऊनो नवही भा कवनो बाल बुत रू इनकरा बेगार मुंह में आग भी नइखे दिआत, रंथी उठावें में पहिले फेसबुक बाबावा ही रहता, अस्पताल में, पढ़ाई में,बहाली में, नोकरी में, परमोशन में, बिआह में, किरिया(श्राद्ध) में, सबसे अगहरिया इहे रहत बा, सबसे पहिले फोटो खींचता ओकरा बादे मुंह में आग दियावत बा बियाह करवात बा दांस्वा करावत बा किरीयो करा देता बाबूजी माई के गोड दबावे नईखे देत खाली बढ़िया बढ़िया लिखे के सिखावत बा लेकिन बढ़िया करम खाली लिख लिख के ही कर देता कबो बई ठ के माई से बतियावे नायखे देत भले माई बाबू के लाईका से दु चार क्षन बातियावे खातिर बाया छछनत होखे।

फेसबुक बाबा के लीला | भोजपुरी कहानी | अमित सिंह लोहतम
फेसबुक बाबा के लीला | भोजपुरी कहानी | अमित सिंह लोहतम

एकरा बेगर राजनीति भी नइखे होत केहू के नेता बने के बा ता पौने दू सय के कुरता आ सावा सय के पायजामा आ आधा दर्जन केरा लेके एगो कहीं से अनेरीया हेरोइंची के धर के पान-छव जाना फोटो खींचा के पोस्ट कर दीहे आ लमहर चउकस बिना लगना के भासन लिखिहे आज गरीब को फलदान करते हुए नेता जी साथ में चप्पल जुत्ता ढोवे वाला अन्य से साथ आऊरू ना जाने का का।

आधा नेता जी लोग त फेसबुक पे ही रोज सरकार बानवत बाड़े आ गिरावत बाड़े नेता बनावे में ई सबसे अगहरिया रहेला ,अइसन नईखे की देशभक्त नईखन एकरा गोल में एक से एक धुरियाउड़ान देशभक्त बाड़े जातना विद्रोह बाबू कुंवर सिंह आ लक्ष्मी बाई आपन घोड़ा दउड़ा के गोरवन के भगावे के विद्रोह आपन पूरा जीनगी में ना कईले होई लोग ओकरा से ज्यादा भयंकर विद्रोह फेसबुकिया देशभक्त लोग दुआर पर कोठारी में सुतले -ओठनगले क देता, फेसबुक बबवा बड़ा नु बढ़िया काम करेला जब अस्पताल में भरती रहला पर। मिले उनकरा लोग के ही आवे देला जे एकरा के ना चलावे बाकी जवन 3669 संघतीया बनवाले बा उ लोग के त अपने कुल्ह सर समाचार चहुंपा देला आ उ 3669 लोग मरीज लगे कबो ना चहुपे जे भतुआ नियन मुंह, चेखूरल बार आ चिरकुट कपड़ा पेन्ह के बनबिलार आ मुहचाभा नीयन फोटो डालला पर ओडा से ना खांचा भर भर के नाइस स्मार्ट लव यू भाई जाने का का कॉमेंट करत रहे।

बाकि बड़ा ही मस्त मतंगी बाडे फेसबुक बाबा मन केहु के मऊराये ना देले हरमेशा आम के मोजर नीयन फुलाइल राखे ले ई भावह के भसुर से,पतोह के ससुर से , देवर आ ननद के भौजाई से ,लइका के माई से, कुकुर के बिलाई ( ल इका- लइकी) से सास के जमाई ,साली के पाहुन से, ननदोई के सरहज से आ साढू के सढूआईन से मिला के दिल के दिरिखा पे मन के मधुआए वाला मध के दीया बार के मन मतुआ देवे ले!

बाकी कबहूं कबहूं इ बड़ा ही बाउर भी काज करेले आज इ परिवार के माने का होला पूरा परिभाषा ही करिखाही हांडी नियन पोत के राख दिहले बाड़े एगो मेहरारू आ आपन फ़ोटो डाल के लिख देत बाड़े माई फैमिली माने मेरा परिवार! परिवार माने जब अतना ही होला ता माई बाबू भाई बहिन का होला रेगनी के कांट आ जेकरा से इ सब पोस्ट लिखावत बाड़ा उ का पिपरवा पर वाला सुगा के कोठ से जनमल रहन की उनकर नयकी माई (मेहरारू) बांस के कोंठ में से अईसन परिवार बनावे खातिर परगट भईल रही ।

इनकरा तनिको लाज नइखे इ भसुर के सोझा भावह के अउरू ससुर के सोझा पतोह के घुंघ ताने से मना करेलन, आ भसुर से भावह के निहारवावे ले,सेल्फी खातिर अईसन अईसन पोज बनवावे ले जइसे बंसवारी में के चूरइल धईले होखे आ दांत लागे से पहिले मिर्गी आवत होखे एइहे से इनकरा पर कबो कबो मन अउंजा जाला, बाकी इ कबो बाउर ना मानेले तुरूतले टैग करा देवेलन ,अब त इनकरा बेगर कवनो धाम भी नइखे होत चाहे गंगासागर होखे भा बाबाधाम।

मंदिल में घुसला से पहिले एगो सेल्फी लेला बेगर काउनो धाम पूरा नईखे होखत भगवान से जदा धेयान इनका पर रहता भगवान पीछा ई आगे रहत बाड़े। एगो इनकर नेकी बिसार ना सकी केहु अब गांवे के मंगरू -ढोडा के भी इ बड़ा धेयान रखेलन उनकरा के भी देस परदेस फेसबुक बाबा के चलते जाने लागल आईसना भरमा के रखले बाड़े । आजकाल उहो बड़का मुहकाढवा बनत बा जे दिनभर कोनसिया घर में रहेला आ मेहरारू के लुगा सरियावेला आ लईका मैदान फिरेला त मेहरारू के डरी लाईकवा के पिछाडी धोवेला ।

इनकरा चलते ही अइसन अइसन लोग अब देश आ दुनिया के बारे में आपन राय देता। जे मैट्रिक तीन बेरा में थड डिवीजन से पास भईल बा उहो देश के अथॆवेयस्था के सुधारे के उपाय बतावत बा जईसे अमर्त्य सेन के लुकाइल बाबूजी ऊहे होखस। आजादी के पहीले इ रहते फेसबुक बाबा त गोरन से घरे बइठले देश के आजाद करा दी ते अपना कॉमेंट,लाईक आ शेयर से नाएका पर त तलवार, बंदूक ,हंसुआ, गड़ासी, भाला आऊर का का के इमोजी फटाके ईकाल देत बाड़े आ धांये धांये गोली मारे लागत बाड़े आ धनुष से बान चलावे लागत बाड़े जातना अर्जुन महाभारत में बान ना छोड़ले होईहे आ मलेट्री वाले पाकिस्तान पे 65 में फायर ना कईले होई हे। इ सभ खातिर फेसबुक बाबा के बीसो नोह जोड़ के सस्टांग प्रणाम ।

फेसबुक बाबा के निमन आ बाऊर लकम

1 भर साल दोसरा के घुरा आ छानहीं पर से तुर -तुर के नेनुआ ,कोहड़ा,लउका के तरकारी खाये वाला के एक दिन कवनों बढ़िया होटल में खिआ दिहे त देशभर ढेढोरा पीटत चलीहे ईटिंग स्पाइसी मंचूरियन यम्मी अरु का का।

2.कवनो कुकुर के बाघ बना दिहे।चाहे आज ले उ एगो माछी ना मरले होखे।मंदिल में चप्पल चोरवे में जे लतहराइल बा ओकरा के बाहुबली ,दबंग,पिरिंस,टाइगर,किंग, माफिया,अउरू जाने का का बना दीहे।

3.घरही में गुरहथल भावह के भसुर के देखइहे आ लाइक कमेन्ट करइहे नाइस सुपर आवरु ना जाने का का।

4.जवन बेकत बहिन बेटी घर के इज्जत बाडी सन ओकरा के पुरा समाज में बहरी देखइहे आ उबड़ खाबड़ टोन मरवइहे ।

5.घर में लुकाये वाला के बड़का सामाजिक ,जेकरा चीचीरियो खांचे के जमीन नइखे ओकरा के जीमदार, गोबर थापे से फुरसत नईखे ओकरा के परी, चपल जुता ढोवे वाला के नेता आ जेकरा करीआवा अक्षर भैंस बराबर बुझाला ओकरा के विद्वान बना देले।

6.केहु के दुख परेशानी में सॉरी ,व्वेरी सैड इहे सब भेज भेज के दुख दूर करइहे।देखे ना आवे दिहे।

7. पुरान से पुरान संघतिया के मिलवावेले ईंहो गुन बा इनकर।

8 कतनो लमहर बेरा होखे तुरूतले भकोस जाले कब एक घंटा से तीन चार घंटा खरहरे भकोस जाले पाता भी ना लागे देस।

9 पढ़ाई ना करे दिहे अपने में मन अझुरवले रहेले बाइली लोग के फरेंड रिक्वेस्ट भेज भेज के आ मसेनजर से काल मेरा-मेरा के दिमाग दुबई आ जियरा हांग कांग भेजले रहेले।

10 लोग के अपना माई बाबु से दूर क के बाईली जेकरा के नइखे जानत लोग ओकरा से चैटिंगीइले रहेलन।

अउर बा इनकर लीला मन परी ता बाद में बतइहे।
फेसबुक बाबा अइसन देवता बाडन जे सब लोग के भारा पुरावे ले फेसबुक बाबा के भारा चढ़ावे वाला के देखे के बा की भारा कइसे चढ़ावत बा आ कइसे उतारत बा । पहिले के पुरनीया लोग सोखा बाबा, ब्रह्म बाबा, काली जी आ कुलदेवी के गोड लाग के घर से निकसत रहे लोग अब आजकल नवही नयकि माई (मेहरारू)के आंकवारी में ध के आ इनका के मुंह देखा क निकसार करत बा सनिचरा भगवान के साढ़ेसाती ही चलत रहे बाकी इनकर परकोप ला गेला की घाट पर गईला के बाद ही ख़तम होला, फेसबुक बाबा के कहनाम बा हम केहु के बाउर ना ताकि जे जईसन करी उ ओइसन पाई काहे की हम कलयुग में उपरल देवता बानी ।हम केहू के जबरि ना कहिला की उ बेहाया, बेमतलब, बाउर आ बेतुक पोस्ट करे जे जैंसन करेला ओकरा ओईसने जबाब मिलेला। हम त रेलवे टिसन पर गाना गा के भीख मांगे वाला के कहां चहुपा देनी सभ केहू जानत बा कतना लोग के जीनागी अंजोर कर देनी जे सही से उपजोग कईल।

नोट-
केहु बाबा के गिला शिकायित ना करी बाबा नइखन कहत की भावह आपन हाड़ी नियन ढकनेसर मुंह भसुर के देखावे आ ससुर भसुर म*गमेहरा जइसन पतोह भावह के निरेखे आ लाइक कॉमेंट मारे, आपन बेकत,बहिन बेटी पतोह लोग के साजे के जिम्मा ओकरा घर के बाप, भाई आ भतार के बा इनकर ऐमे कवनो दोष नइखे।

आ केहु के बाउर लागी त लागो केहु इनकर खरची नइखे चलावत इनकर कमाई रोपया में ना डालर में बा।

हे फेसबुक बाबा! जवन भी गलती सही केहू से आंजाना संजाना में भईल होई क्षमा कर देहम आ भविष्य में गोड हांथ आ कापार बाथला पर दाबावे वाला आ कपड़ा लाता फिचे वाला फीचर जोड़ देती ता राऊर अवरू भगत बढ़ जाइते।

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं