सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी के लिखल बिहार में दारू

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, रउवा सब के सोझा बा सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी के लिखल बिहार में दारू , पढ़ीं आ आपन राय जरूर दीं कि रउवा सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी लिखल रचना कइसन लागल आ रउवा सब से निहोरा बा कि एह कहानी के शेयर जरूर करी।

गजिब बन भईल बिहार में दारू
पहीले से ई बिकाए लागल आरू
गजिब बन ——– पहीले से —-

पहीले तऽ बिकात रहे भठीए-भाठा पऽ
अब तऽ भेंटा जाता दुईए-चार काठा पऽ
दूधे के साँथे-साँथे ई हो गईल उठावना
खूब मिलऽता होता कवनो मोल-भाव ना
कुछ लो खाती हो गईल ई गाय दूधारू
गजिब बन भईल बिहार में दारू
पहीले से ई बिकाए लागल आरू

सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी
सत्येन्द्र सिताबदियारवी जी

आजो थाना-थूनी पईसे पऽ बान्हाईल बा
एकरे इशारा पऽ बिकाता काल्हो बिकाईल बा
गरीब पियक्कड़ हूँकाला-थूराला जेल भेजाला
अमीर पईसा के बल पर बरी हो जाला
अईसन दारू-बंदी के मुँह ना मारूँ
गजिब बन भईल बिहार में दारू
पहीले से ई बिकाए लागल आरू

सफर करत बा बलेण्डो-मरसीटीज कार में
काँहा नईखे भेंटात महाराज ई बिहार में
खुलमखुला बिकाली उत्तर प्रदेश में लैला
रोजदिन सूँघीए लेता लो सीमा से सटल छैला
झाड़ू मारत-मारत मरद के थाक गईलीसन मेहरारु
गजिब बन भईल बिहार में दारू
पहीले से ई बिकाए लागल आरू

बिहार में एकर अबहीं आछा दिन आईल बा
कतहीं-कतहीं तऽ दूध के डिब्बे में लुकाईल बा
अब हेह से आछा दिन का एकर आई
हातना ईजत के साथ ना बिकाईल होई ना बिका
एही पऽ पल्टू काका फेर से दूल्हा बने पऽ बाड़ें उतारू
गजिब बन ———————- पहीले से —————

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं