भोजपुरी में शरीर के अंगों के नाम | Body Parts Name in Bhojpuri Language

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी के खाटी शब्द आ बोल चाल में काम आवे वाला शब्द बिलुप्त होखत जाता आ ओकर जगह हिन्दी आ अंग्रेजी शब्द लेत जाता, जरुरी बा की भोजपुरीया समाज आपन इ धरोहर के सहेज के रखस।

भोजपुरी में शरीर के अंगों के नाम
भोजपुरी में शरीर के अंगों के नाम

जोगीरा डॉट कॉम के प्रयास बा की आपन भोजपुरी भाषा आगे बढ़े आ भोजपुरी के ऑनलाइन के माध्यम से ज्यादा से ज्यादा लोगन तक पहुचावल जाव, एह कड़ी के आगे बढ़ावत जोगीरा लेके आइल बा देहि के अँग नाव एह पेज प भोजपुरी के बोल चाल में प्रयोग होखे वाला देहि के अँग के नामन के संग्रह कइल गइल बा।

कुछ कमी बेसी हो सकेला, तऽ टीम जोगिरा रउवा से निहोरा करता अगर रउवा कतहुँ गलती लउकता तऽ जरूर बताइ, हमनी के जरूर सुधार करेम सन।

भोजपुरी में शरीर के अंगों के नाम | Body Parts Name in Bhojpuri Language

देखल जाव भोजपुरी में देहि के अँग के नाव

  1. मूड़ी
  2. कपार
  3. बरमंड
  4. लिलार
  5. चँउड़ि
  6. बार/केशि/झोंटा
  7. का
  8. कनपपट्टी
  9. आँखि
  10. पपनी
  11. पुतरी
  12. बरउनी
  13. नाक
  14. लोला
  15. गाल(गलफर)
  16. थुथुन
  17. ओठ
  18. जीभि
  19. दाँत
  20. फफेला
  21. दार्ही
  22. घेंटु/गर
  23. कान्ह
  24. पँखुर
  25. बाँहि
  26. कलाई
  27. हाथ
  28. तरहथ्थी
  29. गदउरी
  30. अँगुरी
  31. नोह
  32. अँगूठा
  33. तरजनी
  34. बिचिली
  35. अनमिका
  36. कानी
  37. छाती
  38. बाती
  39. ओदर
  40. पीठि
  41. पँजरी
  42. डाँड़/कुल्हा
  43. जाँह
  44. ठेहुन
  45. टँगरी
  46. घठ्ठी
  47. गोड़
  48. एड़ी
  49. तरवा
  50. चाम
  51. रोवाँ

येह पेज के बनावे में माया शर्मा जी आ विवेक सिंह जी के बहुत सहयोग बा, टीम जोगीरा बहुत आभारी बा इहा सब के।


भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं