चुनावी मेला आइल हो : दामोदरचारि मिश्र

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव दामोदरचारि मिश्र जी के लिखल भोजपुरी कविता चुनावी मेला आइल हो, रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा दामोदरचारि मिश्र जी के लिखल रचना अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

लोकतंत्र के मेला में हम
करेनी सभ के अभिनंदन
कई बरिस के इंतजार प
आईल चुनावी मनोरंजन

ए मेला में सब कुछ बा हो
फोकट बिरयानी तूहुं खा हो
नाच-गाना आ जादू-टोना
खोया-पाया रोना-धोना
कब से गायब सड़किया देखs
चट से अब उग आई हो
डांण चमकावत आई नचनिया
हाथ मिला के जाई हो
चुनावी मेला आइल हो

डेगे- डेगे होर्डिंग बैनर
गुंडा लठैत सीखत बा मैनर
उहे पुरनका वादन के
मोटरी फेनु खुल जाई हो
चुनावी मेला आइल हो

बानर नचावे बईठ मदारी
बनरा सब के पंजा मारी
ओही पे अगराईल मदारी
रहल बा मूंछ के अईठ
दू-दू मिनट के देरी पे
होला, फैटम-फईअट
एतना बरिस से जेकरा हाथे
ना पानी पीहलस, ना बइठल साथे
देख sकिशन सुदामा के उ
यारी फ़ेल कराई हो
चुनावी मेला आइल हो

जीजा उठलें हई पार्टी से
जीजी उठली होकरा से हो
माल सहोटे के घरवे में
सुनहरा मउका आइल हो
अरब-खरब के पैकेज देख
जनता बा अगराईल हो
चुनावी मेला आइल हो

आगे के पंडाल में देखs
सभे व्यस्त बा अपने में
लोर चुआवत जनता बइठल
भेटाइल विकसवा सपने में
डी॰एन॰ए॰ केहु जांच करावे
केहु भर सीकम गरियावे
बउराइल जनता ए चक्कर में
काम धाम भूल जाई हो
एक दूसर के पार्टी खातिर
बिना बात लड़ जाई हो
चुनावी मेला आइल हो

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं