दिनेश लाल यादव निरहुआ के पत्रकार शशिकांत के साथे गाली गलौज आ मारे के धमकी

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

दिनेश लाल यादव उर्फ़ निराहुवा जी हा उहे नुरहुवा जे बिरहा गायेक के साथे साथे हीरो भी बनले आ भोजपुरी अश्लीलता के झंडा के बुलंद करी के सीना फुलाईले । मलाई बिलाई के अच्छा लागे बारीक़ उहे मलाई जब ना मिले ता बिलाई बड़ी छटपटाले ।

आज उहे हाल भइल बा भोजपुरी के अश्लील कलाकार के जवन की सीन में हीरोइन के चोली ढोरी के मलाई जटल बन हो गइल मलाई नइखे मिल्लत ता आ उ छटपटाट बा ।

ऐईसे ता बहुत पॉपुलर लोग कईले बा जाने माने कपिल शर्मा भी एगो पत्रकार के जान से मारे के धमकी देहले रहले ।

उनकरे नक्सा कदम पर चलत आ आज एगो ताजा मामला सामने आइल निराहुवा के अश्लीलता के बिरोध कइला के चलते बरिस्ट पत्रकार शशिकांत जी के फोन पर गाली देहले आ जब अतना से भी मन ना भरल ता घर में घुस के जान से मारे के धमकी देहले ।

उ जमाना गईल की अब केहू भी भिजपुरिया भा भोजपुरी के कुछो कह के चल जात रहे । याद रखे के होइ की दुनिया गोल होल गोल । आ जादा अति ता दश मुड़ी वाला के ना चल्ल ता ई एक मुड़ी वाला के के पूछत बा । जवन भोजपुरिया फर्स से अर्स तक पहुचले उ अब अर्स से फर्स पर पर भी ली आई।

आज ई खाली निरहू शशीकांत भैया के ना हर भोजपुरिया के गारी देहले बारे । का इहे दिन देखे खातिर भोजपुरिया दिनेश लाल यादव के स्टार बनवले ।

कब तक चली ई मनमानी कब तक भोजपुरी समाज ई अंग प्रदासन आ भुहर देखि आ ना देखि बिरोध करी ता कब का ई निरहू जइसन के माई बहिन के गाली सुनी ।

जइसे निरहू के मुताबिक उनकर मेहनत खून पसीना के पैसा लागत बा ई चोली आ ढोढ़ी चटवा फ़िल्म में ता उनकर विरोध के चलते पैसा नइखे मीलत आ उनकर अश्लीलता के दुकान बंद होखत बा ।

ता आज भोजपुरिया के भी आँख खुल गइल बा शर्म आव्वत बा ओकरो ई भोजपुरी के नाम पर खटिया अंग प्रदर्सन सेक्सच्वल सीन से भरल फ़िल्म देख के गाना सुन के ता का उ विरोध ना करो ।
रउवा के बतावत बानी शशिकान्त सिंह पत्रकार के साथे साथे चेम्बर ऑफ़ फ़िल्म के मेंबर हैं आ सोसलमिडिया पर भी सक्रिय बानी।

एक कदम साथे बढाई आ ई मानवता के शर्मशार करे वाला भोजपुरी के मान सम्मान के आंच पहुचावे वाला अश्लीलता के परोसे वाला गीत लिखे गावे वाला फ़िल्म भा जवना से भोजपुरी भाषा के ऊपर आँच आवे वो कर बिरोध करी ।ना ता आज ई शशिकांत जी के साथे भइल बा काल हमरो राऊवो साथे अइसन हो सकत बा ।

ऐसे से पाहिले की अश्लीलता रूपी नाग के फन रउवा सब के डसे औ से पाहिले फन कूच दी ना ता एक दिन धीरे धीरे इ भोजपुरी भाषा के मीठास काल के गाल में समां जाई ।।

ध्यान दीं: भोजपुरी सिनेमा के टटका खबर खातिर जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं