लाल बिहारी लाल जी के लिखल भोजपुरी गीत दीया खुशी के जलाव

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

घरे-घर खुशियां मनाव, दीया खुशी के जलाव
घरे-घर खुशियां मनाव, बात अब ई फइलाव
धरा बचावे खातिर बबुआ, अब त तूआगे आव
अब ना छोड़ बम पटाखा, कीरिया आजउठाव
दुखियन के गले लगाव… दीया खुशी के जलाव
घरे-घर खुशियां मनाव……….

ना खाएब, मेवा मिठाई, ना खाएब बाजार के
आपन घरे बनाएब आज, रोकब भ्रष्टाचार के
बिजली के खूब बचाव… दीया खुशी के जलाव
घरे-घर खुशियां मनाव………..

दीन दुखी गरीब के साथे, बाटंम खुशियां दू चार
जेतना संभव होई भइया, देहब हमलार दुलार
बूढवन के गले लगाव… दीया खुशी के जलाव
घरे-घर खुशियां मनाव………..

लाल बिहारी लाल के जग में ई हेबा पैगाम
आपन जिंनगी गैर के खातिर क दिहलेनिलाम
जग में कवनो दुखिया हंसाव, दीया खुशी के जलाव
घरे-घर खुशियां मनाव……..

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पहिलका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : दुसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : तिसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : छठवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : सातवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : आठवाँ दिन

आपन राय जरूर दीं