डॉ रामजनम मिश्र जी के जमशेदपुर आगमन पर भइल अभिनन्दन

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

साहित्यिक संस्था रचनाकार द्वारा पत्रिका के लोकार्पण सह अभिनन्दन समारोह के आयोजन रचनाकार के कार्यालय ,बिरसानगर में आज सफलतापूर्वक सम्पन्न भइल । एह कार्यक्रम के अध्यक्षता दिनेश्वर प्रसाद सिंह’दिनेश’ आ संचालन मनोकामना सिंह अजय कइले।

मुख्य अतिथि के रूप में साहित्यकार,समीक्षक आ माई पत्रिका के संपादक डॉ रामजन्म मिश्र (साहेबगंज से) उपस्थित रहनी। ओहिजे विशिष्ट अतिथि के रूप में राकेश पाठक उपस्थित रहले।

डॉ रामजनम मिश्र जी के जमशेदपुर आगमन पर भइल अभिनन्दन
डॉ रामजनम मिश्र जी के जमशेदपुर आगमन पर भइल अभिनन्दन

सर्वप्रथम संस्था के सचिव गंगा प्रसाद अरुण द्वारा आगत आ उपस्थित रचनाकार,साहित्यकार लोगन के स्वागत कइल गइल। साथे साथ मुख्य अतिथि डॉ रामजन्म मिश्र जी के संस्था द्वारा शॉल ओढा के आ पुष्पगुच्छ देके अभिनंदन कइल गइल।

अब बारी रहे संस्था रचनाकार के मुख्य पत्रिका ‘रचनाकार’ के लोकार्पण के ,जवन मुख्य अतिथि आ उपस्थित साहित्यकारन द्वारा लोकार्पित भइल

संस्था के सचिव गंगा प्रसाद अरुण द्वारा एह पत्रिका के प्रकाशित करे में समस्त रचनाकार के सदस्य लोगन के सक्रियता पर आ कइसे ई पत्रिका प्रकाशन में आइल एकरा पर आपन उदगार व्यक्त कइले।

रचनाकार संस्था के परिचय साहित्यकार मनोकामना सिंह ‘अजय’ द्वारा प्रस्तुत कइल गइल।
एह आयोजन में दिनेश्वर प्रसाद सिंह दिनेश,राकेश पाठक,सरोज कुमार सिंह ‘मधुप’ द्वारा संबोधित करत रचनाकार पत्रिका आ संस्था के प्रति आपन उदगार व्यक्त कइल गइल।

मुख्य अतिथि डॉ रामजन्म मिश्र जी अपना संबोधन में कहनी कि संस्था कबो ना मरे,जीवित रहेला। रचनाकार परिवार से मिल के बहुत खुशी भइल कि एह तरह के भी संस्था बिया जवन स्तरीय साहित्यकार लोगन के साथे युवा साहित्यकार लोगन के भी जोड़े के काम कर रहल बिया।

दोसरा सत्र में काव्य गोष्ठी के आयोजन भइल, जवना में अजय प्रजापति,अशोक शुभदर्शी, सरोज कुमार सिंह’मधुप’,गंगा प्रसाद अरुण, वरुण प्रभात,अभिषेक मिश्रा,डॉ संध्या सिन्हा, मनोकामना सिंह’अजय’ आ अन्य लोगन द्वारा आपन रचना के सस्वर पाठ कके खूब ताली बटोरल लोग।

एह अवसर पर मुख्य रूप से डॉ रामजन्म मिश्र, दिनेश्वर प्रसाद सिंह ‘दिनेश’, गंगा प्रसाद अरुण, मनोकामना सिंह अजय, राकेश पाठक,अशोक शुभदर्शी, अजय प्रजापति,आलोक सिंह, संध्या सिन्हा, राधेश्याम सिंह, सुभाष चन्द्र झा,वरुण प्रभात, अभिषेक मिश्रा, जयशंकर दूबे, राजेश भोजपुरिया, सुनील कुमार सिंह, कुमार हार्दिक, इत्यादि लोग उपस्थित भइले।

रिपोर्ट – राजेश भोजपुरिया

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े खातिर जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

इहो पढ़ीं
भोजपुरी गीतों के प्रकार
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १
भोजपुरी पहेली | बुझउवल
भोजपुरी मुहावरा और अर्थ
अनेक शब्द खातिर एक शब्द : भाग १
लइकाई के खेल ओका – बोका
भोजपुरी व्याकरण : भाग १
सोहर

आपन राय जरूर दीं