रोज तीसी खाये के फायदा

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

लइकाई में हमनी के खूब तीसी भात खइले बानी सन। शहर में लोग एकरा के अलसी आ फ्लैक्स सीड्स बोलेलागल बा लो।
हमरो ना पता रहे लेकिन जब डॉक्टर बोललस की अपना बेटा के ओमेगा ३ के गोली दीं एह से दिमाग तेज होइ आ तब हम इन्टरनेट प ओमेगा ३ के स्रोत खोजनी त पता चलल की सबसे उपर नाम रहे फ्लैक्स सीड्स के, अरे ! इ त आपन तीसी ह जवना हमनी के एतना हींन के नजर से देखत रहनी ह जा।

रउवो एक नजर देखीं तीसी के फायदा

तीसी के पोषण तथ्य
तीसी के पोषण तथ्य

तीसी के रोज नियमित रूप से अपना खाना में उपयोग कइला से कइगो बेमारी से छुटकारा मिल सकेला। तीसी में ओमेगा ३ फैटी एसिड होला जवन कि कई गो बेमारी से लड़े के ताकत देला। रउवा के बता दीं कि ओमेगा ३ अपना शरीर के भीतर ना बनेला एकरा हमनी के भोजन के द्वारा ही ले सकत बानी जा।

अगर हमनी के शाकाहारी लोग के बात करीं जा त, तीसी से अच्छा ओमेगा ३ फैटी एसिड के कवनो आउर स्रोत नइखे। अगर रउवा अपना के चुस्त दुरुस्त आ निरोग देखे के चाहत बानी त कम से कम दू चमच तीसी अपना खाना में ली भा शामिल करीं।

रोज तीसी खाये के फायदा:

  • देह में ऊर्जा आ स्फूर्ति देला
  • कैंसररोधी हार्मोन्स बढ़ावेला
  • खून में शर्करा आ कोलेस्ट्रॉल के मात्रा कम करेला
  • हड्डी आ जोड़() के दरद में राहत देला
  • पेट साफ रखें के सबसे आसान आ घरेलु तरीका
  • हृदय संबंधी बेमारी के खतरा के कम कर देला
  • शरीर में बढ़िया कोलेस्ट्रोल के बढ़ावेला आ खराब कोलेस्ट्रोल के कम करेला
  • एकर नियमित इस्तेमाल कइला से रजोनिवृत्ति संबंधी (Menopause) परेसानी भी दूर होला
  • लीवर के निरोग भा स्वस्थ राखेला

हमरा उमीद बा कि तीसी खाये के फायदा देख के रउवो तीसी रोज खाइल सुरु कर देब, रउवा तीसी के चटनी, तीसी के रायता भा तीसी के तरकारी आ दाल में मिला के खा सकत बानी।

आपन राय जरूर दीं