होला कबो बहार त पतझड़ जमीन पर

1
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
ज़ौहर शाफ़ियाबादी
ज़ौहर शाफ़ियाबादी

होला कबो बहार त पतझड़ जमीन पर
लीला ई रोज देखेला अँखिगर जमीन पर

अँखिया में अँखिया डार के कहलें अनकहल
नेहिया के फूल खिल गइल बंजर जमीन पर

मोजर सिंगार देख के अइकत बा आम पर
रोपले बा जे बबुर के रसगर जमीन पर

धधकत चिता भरोस के देखत रहीले हम
चुपचाप अपना आस का मजगर जमीन पर

मजहब धरम के नाम का नफरत के बिस ह
ई आज के सवाल बा लम्हर जमीन पर

घर-घर में घर के रूप घरारी के मान बा
घर जे बनाई नेह का मजगर जमीन पर

आपन जे पेट काट के अनकर छुधा भरे
ऊहे सरग उतारेला ‘जौहर’ जमीन पर

– ज़ौहर शाफ़ियाबादी (आखर के फेसबुक पेज से)

1 COMMENT

  1. इ गजल से इ संदेश आ रहल बा कि हम परमारथ से स्वर्ग के जमीन पर उतारि सकीलां।

आपन राय जरूर दीं