वास्तु के हिसाब से झाड़ू इस्‍तेमाल करे के तरीका

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

रउवा अपना घर में अक्सर सुनले होखेब की झाड़ू के उलटा ना रखे के चाहीं अशुभ होला, झाड़ू प गोड़ (पैर) ना रखे के चाहीं लक्ष्‍मी जी नाराज हो जाली। वास्तु शास्त्र में घर के हर चीज के महत्व होला। रोज इस्‍तेमाल होखे वाला झाड़ू से जुडल कई गो अइसन बात बा जवन की रउवा सभे ना जानत होखेब, ना रउवा वास्तु के हिसाब से झाड़ू इस्‍तेमाल करे के तरीका जानत होखेब।

वास्तु के हिसाब से झाड़ू इस्‍तेमाल करे के तरीका

  • अन्हार भा साँझ होखला के बाद झाड़ू ना लगावे के चाहीं, अशुभ मानल जाला अइसन पुरनिया लोग कहेला।
  • जब घर आ परिवार से केहू बाहर जात होखे भा गइला के तुरन्त बाद झाड़ू ना लगावे के चाहीं, गइल के एक दू घंटा बाद लागवे के चाहीं।
  • झाड़ू प गोड़ (पैर) ना लागवे के चाहीं, अइसन मानल जाला कि लक्ष्मी जी कोहना (रुष्‍ट) जाली।
  • कबो घर में झाड़ू उल्टा ना रखें के चाहीं, ना त घर में कलह बढ़ जाला।
  • झाड़ू के कबो घर के बाहरा भा छत प ना रखें के चाहीं, घर में चोरी होखे के संभावना बढ़ जाला।
  • अगर रउवा झाड़ू के आदर करेब त महालक्ष्मी जी रउवा से खुश रहिये।
  • झाड़ू के हमेशा अइसन जगह प रखे के चाहीं जाहा से घर आ बाहर के कवनो आदमी ना लउके।
  • घर के कवनो छोट बच्चा अचानक से झाड़ू लगावे लागे त समझीं की रउवा घरे मेहमान आवे वाला बा लोग।
  • नया घर बनवला के बाद वोह में पुरान झाड़ू ना ले जाये के चाहीं, अपशकुन मानल जाला।
  • अगर सपना में केहू नया झाड़ू लेके खाड़ लउके त शुभ मानल जाला।
  • रसोई घर मे झाड़ू ना रखे के चाहीं।

आपन राय जरूर दीं