जिउतिया और चिल्हो-सियारो के कथा

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

एक बेरि नैमिषारण्य में रहेवाला ऋषि लोग संसार का कल्यान खातिर सूत जी से आग्रह कइले कि कराल कलियुग में लोगन के लइका कइसे दीर्घायु होइहें सन एकर कवनो उपाय बताईं. तब सूत जी कहले कि द्वापरो में ईहे सवाल लेके कुछ महिला लोग गौतम जी के पास गइली तब द्रौपदी के चर्चा करत आपन बात शुरू कइले. गौतम जी कहले कि रउँवा सभसे हम उहे बात कहबि जवन पहिले से सुनले बानी. जब महाभारत युद्ध के अंत हो गइल त अश्वत्थामा के कारण पुत्रशोक से व्याकुल द्रौपदी अपना सखियन का साथे धौम्य मुनि के पास गइली आ बच्चन के दीर्घायु होखेके उपाय पुछली. धौम्य जी कहनी- सतयुग में साँच बोलेवाला आ सभके एक आँखि से देखेवाला एगो राजा रहन, जेकर नाम रहे- जीमूतवाहन. एक बेर राजा अपना पत्नी का सङे ससुराल गइल रहन. एक दिन आधा रात खा उनुका कवनो मेहरारू के जोर-जोर से रोवे के आवाज सुनाइल. राजा उनुका पँजरा गइले त देखले कि उनकर बेटा मर चुकल रहे. राजा जब कारन कारन पुछले त बतवली कि एगो गरुड़ रोज आके गाँव के लइकन के खा जाला. राजा से बर्दाश्त ना भइल. ओहिजा गइले जहाँ रोज गरुड़ गाँववालन के भेजल एगो लइका के खा जात रहे. अगिला दिन राजा अपनहीं गइले. समय पर गरुड़ अइले आ राजा पर टूट परले. जब उनकर बाँया अंग खा गइले त राजा झट से आपन दहिना अंग गरूड़ ओरि कऽ दिहले. गरुड़ अचरज में परि गइले, पुछले – तू कवनो देवता हवऽ का ? राजा कहले कि रउरा खइला से मतलब बा नू ? मन भर के खाईं, एह तरह के बातन से का फायदा बा ? गरुड़ राजा से प्रभावित भइले आ उनुका कुल खानदान के बारे में पूछे लगले. राजा बतवले कि हमरा माई के नाँव शैव्या आ बाबूजी के शालिवाहन हऽ आ हमार जन्म सूर्यवंश में भइल बा. राजा आपन नाँव जीमूतवाहन बतवले. गरुड़ राजा के दयालुता पर बड़ा खुश भइले आ कहले कि बर माँगऽ. राजा कहले कि हमरा के इहे बर दीं कि रउँवा जतना प्राणियन के खइले बानी सभ लोग जिंदा हो जासु आ अब से लोग ज्यादा दिन तक जिंदा रहसु. अतना सुनते गरुड़ अमृत ले आवे खातिर स्वर्ग चलि गइले आ अमृत ले आके सभ हड्डियन पर बरिसवले. सब लइका जी गइले सन. तब ओह खुशी के माहौल में गरुड़ जी राजा के एगो अउरी बरदान दिहले – आजु कुआर (आश्विन) के अन्हरिया (कृष्ण पक्ष) में सप्तमी से रहित अष्टमी बा. आजु तू एहिजा के प्रजा के जीवनदान दिहलऽ, एहसे अब से ई दिन ब्रह्मभाव हो गइल बा. अमृत देके जियावेवाली माई दुर्गा के एगो नाँव जीवित्पुत्रिका हऽ. अब से जवन भी स्त्री आजुके दिन जीवित्पुत्रिका माई के साथ-साथ कुश के “राजा जीमूतवाहन के एगो आकृति” बनाके पूजा करी आ अगिला दिन नवमी में पारन करी, ओकर बंश बढ़त जाई आ फूलत-फलत जाई. द्रौपदी जी धौम्य मुनि से एह ब्रत के बारे में सुनिके अपना सखियन का साथे जाके ई ब्रत कइली.

चिल्हो-सियारो के कथा

“जिउतिया” ब्रत के बारे में एगो चिल्ही सुन लेले रहे आ अपना सखी सियारिन के बतवलसि. दूनो एह ब्रत के कइली सन बाकिर सियारिन से भूखि बर्दाश्त ना भइल, जाके मांस खा लिहलसि. एकर फल ई भइल कि मरला का बाद दूनो के जनम एकही घर में भइल. सियारिन राजा के जेठ बेटी भइलि आ चिल्ही छोट. बड़की के बियाह काशीराज से आ छोटकी के उनुका मंत्री से भइल. बड़ी जानी के जवन भी संतान होखे मर जाय आ छोट जानी के बाल-बच्चा सुघर-साघर आ सकुशल. ई देखिके रानी के बहुत जलन होखे, कई बेर त मंत्री के लइकन के मरवावे के कोशिशो कइली, बाकिर नाकाम रहली. अंत में एक दिन उनकर छोट बहिन उनका के पूर्व जन्म के बात इयाद करवली. रानी बहुत पवित्रता के साथ एह ब्रत के कइली आ ब्रत का प्रभाव से उनकर संतान जीवित रहे लगली सन. उनकर कई गो बेटा बड़ होके बड़े-बड़े राजा भइले सन. सूतजी कहनी कि जवने स्त्री चिरंजीवी संतान चाहत होखे विधिपूर्वक एह ब्रत के जरूर करे.

जिउतिया और चिल्हो-सियारो के कथा

आपन राय जरूर दीं