का लाल : भोजपुरी कविता

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

नागार्जुन के मैथिली कविता की लाल? की लाल? के भोजपुरी अनुवाद

का लाल? का लाल?
अड़हूल के फुल लाल !
आरती के पात लाल !
तिरकोल के फल लाल !
छउडी के ठोर लाल !
छउडा के टाइ लाल !
सुग्गा के लोल लाल !
ई लाल ! उ लाल !

का लाल? का लाल?
लहू लाल, क्रांति लाल !
जुध के बाद शांति लाल !
रूस के देह लाल !
चीन के कोढ़ लाल !
अमेरिका के नाक लाल !
ब्रिटेन के जीभ लाल !
ई लाल ! उ लाल !

का लाल? का लाल?
हमार सियाही लाल !
राउर कलम लाल !
हिनकर पोथी लाल !
हुनकर किताब लाल !
केकरो आँखि लाल
ई लाल ! उ लाल

भोजपुरी अनुवाद – संतोष पटेल

आपन राय जरूर दीं