लिट्टी बनावे के तरीका

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।
लिट्टी बनावे के तरीका
लिट्टी बनावे के तरीका

लिट्टी बनावे के तरीका (माइक्रोवेव में )

लिट्टी उत्तर भारत के सबसे पसंदीदा पकवान में से एक ह.. सबसे बढियां त गोइठां पे सकल लिट्टी हीं बनेला, बाकिर जगह आ समय के कमी के चलते एकरा के माइक्रोवेव में भी अासानी से बनावल जा सकेला !!

सामग्री (४ लोग खातिर)
आटा :-
१. आटा: डेढ़ कप गेहूं के आटा ( मैदा के साथे बनावल लिट्टी तानी बेसी कुरकुरा होला)
२. पौना से १ कप साधारण/ वसा रहित दही

खाली दही के दाल के आता के निम्न से सान लीं.. आटा नीमन से सनाईल आ नरम होखे के चाहीं.. जेकरा के तोप के अलग रख दीं..

भरे खातिर:
१ कप: सतुआ
४ दाना : लहसुन, बारीकाटल
१ इंच : अदरक , बारीकाटल
दू ठो : हरीअरका मरीचा, बारीकाटल
आधा कप : ताजा धनीया पत्ता, बारीक कटा
आधा चाय के चम्मच मंगरैल
२ बड़ चम्मच : करुआ (सरसों) तेल
एक चाय के चम्मच : अजवाईन
एक चम्मच: नींबू के रस
१ भा २ चम्मच मरीचा के आचार के मसाला
नमक स्वाद के हिसाब से

तरीका :-
१. सतुआ के साथे एके साथे मय सामग्री मिलाईं ! चौथाई से आधा कप ले (जरुरत अनुसार) पानी डाल के मिलाईं, जेकरा से सतुआ नरम रही आ भरे में आराम रही..

२. अब आटा के ८ ठो लोईया बना लीं आ हर लोईया के साथे परथन लगा के २.५” से ३” के आकर के होखे के चाहीं ! एकरा में बेलना के कवनो जरुरत नइखे आ हाथे हीं बनावल जा सकेला ! लोईया के अइसन आकर दीं जेकरा में सतुआ भरल जा सको !

३. लोईया में २-३ चाय के चम्मच बनावल सतुआ भर के, चारो ओर से बंद कर दीं !

४. सजब सब लिट्टी भरा जाओ, त माइक्रोवेव ओवन के 375 फ पे प्री-हीट करीं ! ओकरा बाद सब लिट्टी के एल्युमीनियम पन्नी (Foil) पे डाल दीं ! जब ले एक तरफ भुअर भा करीआ रंग के निशान/ धब्बा ना आ जाओ तबले ओकरा के सेकाए दीं! ओकरा बाद लिट्टी पलट के दुसरका तरफ भी भुअर रंग आवे के इन्तेज़ारी करीं !

५. सेका जाइला के बाद लिट्टी निकाल के ओकरा के देसी घी आ चाहे मक्खन में में डूबा के निकालीं ! ओकरा बाद एकरा के आचार/ धनिया के चटनी आ चाहे बैगन भर्ता के साथे परोस दीं

मुरगा बनावे के विधि

आपन राय जरूर दीं