मसाला चिकन भा मुरगा बनावे के विधि

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

रिंकी पंडित जी के मसाला चिकन भा मुरगा बनावे के विधि

त आज हमनी के चिकन भा मुरगा बनावे के सीखेब सन, हम बता दीं की मुरगा बनावन कवनो भरी काम नइखे, हमार विश्वास बा की आज के बाद रउवो मुगरा बनावे के सिख जायब।

इहो देखीं: सेवई खीर बनावे के विधि

सुरु कइल जाव, सबसे पाहिले मुरगा भा चिकन करी बनावे का का आइटम चाही नोट क ली।

आवश्यक सामग्री:

  1. मुरगा – आधा किलो
  2. पिसल हरदी – एक चम्मच
  3. पिसल धनिया – बड़का चम्मच से दू चम्मच
  4. निमक-दू चम्मच चाहे अपना हिसाब से
  5. पिसल लाल मरीचा – एक चम्मच चाहे अपना हिसाब से
  6. छिलल लहसुन के जावा – बीस गो से पचीस गो
  7. आदी एक टुकी
  8. चिकन मसाला – एक चम्मच
  9. तेजपात – एगो दू गो
  10. सरसो के तेल
  11. जीरा – छोटहन चम्मच से दू चम्मच
  12. इलाइची – दुगो छोटहन अउरी एगो बड़का
  13. गोल मिरिच – छोट चम्मच से एगो चम्मच
  14. टमाटर-एगो
  15. पियाज़- दू गो बड़का चुकी

मसाला चिकन भा मुरगा बनावे के विधि के वीडियो हिन्दी में:

बनावे के विधि विस्तार में:

रिंकी पंडित जी
रिंकी पंडित जी

मुरगा के बढ़िया से धो के रख ली

कराही ले ली वो अउरी कराही के गरम होखे खातिर चूल्हा प चढ़ा दीं, जब कड़ाही गरम हो जाइ तब कड़ाही में करू तेल डाल दीं । जब तेल गरम हो जाव त तेल में तेजपात आ खड़ा लाल मरीचा के फोरन डाल दी ओकरा बाद कराही में पियाज़ के डाल के तब ले भुजी जब ले पियाज़ लाल ना हो जाव।

हमनी के मुरगा के पहिले से धो के रख लेने बानी सन,अब कराही में मुरगा डाल दी आ तब ले भुजी जब ले मुरगा तनी-तनी लाल ना हो जाव, इयाद राखेब की मुरगा के मद्धिम आंच प भूजेके बा, जब ले मुरगावा भुजाता तब ले मसाला तइयार क लीं,

जीरा, गोल मिरिच, आदी, लहसुन आ इलाइची के पिस के मसाला तइयार कर लिहल जाइ।

मुरगा जब भुजा आ तनी-तनी लाल लउके लागे तब पिसल मसाला, हरदी, धनिया, मरीचा, निमक अउरी एगो टमाटर डाल दी आ बढ़िया से चला लीं की मसाला बढ़िया से मिल जाव।

मसाला के तब ले भुजे के बा जब ले मसाला तेल ना छोड़ देव् , अब अपना हिसाब से पानी डाल दी । पानी डलला के बाद में मुरगा के तोप दी आ दू मिनिट ले ओकरा के खउले दी।

दू मिनट बाद ओमे हरियर धनिया डाल दी आ एक मिनट अउरी खउला ली ओकरा बाद मुरगा के आंच प से उतार लीं। अब राउर मरजी बा रोटी से खयेब की भात से।

रिंकी पंडित जी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं