नजर लागल राजा तोहरे बंगले पे के पहिला चेहरा आईल

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

मनोज आर पाण्डेय अभिनीत भोजपुरी फिलिम ‘नजर लागल राजा तोहरे बंगले पे’ के पहिलका चेहरा सब के सामने आ गईल बा। शिव शिवम फिल्म इंटरटेन्मेंट के बैनर तले एक्सीलेन्ट फिल्म प्रा0 लि0 के प्रस्तुति वाला एह फिलिम के निर्माता विनोद बी0 सिंह बाड़न। फिलिम में रोमांस आउर एक्शन के भरमार बा। एह फिलिम में मनोज आर पाण्डेय के जबरदस्त स्टंट आउर संवाद बा। लोकप्रिय संवाद एह फिलिम के ई बा कि ‘ आर या पार पुलिस से ही चलेला ईहां के सरकार, पागल पाण्डेय बा नाम हमार’ आउर दूरका धांसू संवाद बा ‘ चाहे लादेन हो यो दाउद रोक देब, कईले जे गुण्डई, ठोक देब।एह फिलिम के कहानी आउर गीत भीरू वृंदा के लिखल बा जबकि एह फिलिम खातिर मधुर संगीत तईयार कईले बाड़न राज सेन। एक फिलिम के निर्देशक समीम सैय्द बाड़न। फिलिम के कलाकारन में मनोज आर पाण्डेय, प्रिया शर्मा, अंजनी सिंह, जसवंत कुमार, प्रिती सिंघानिया, सुबोध सेठ, रविकान्त राय, रीना पाण्डेय, बबीता पाण्डेय, नीलू तिवारी के मौजूदगी बा।

नजर लागल राजा तोहरे बंगले पे के पहिला चेहरा आईल

आपन राय जरूर दीं