पुरुआ परिवार कर रहल बा भोजपुरिया लोक उत्सव के आयोजन

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

मय भोजपुरिया समाज के सादर प्रणाम ,

पिछला साल नीयन एहू साल चम्पारण में भोजपुरिया लोक उत्सव के आयोजन होखे जा रहल बा, जवन, 31 अक्टूबर के चम्पारण के रामगढ़वा, जैतापुर में होई।

पुरुआ परिवार करा रहल बा भोजपुरिया लोक उत्सव के आयोजन
पुरुआ परिवार करा रहल बा भोजपुरिया लोक उत्सव के आयोजन

एह लोक उत्सव के मुख्य आकर्षण रही – देश-प्रदेश से जुटल ख्यातिप्राप्त भोजपुरी गायक के गवनई अउर भोजपुरी के परंपरागत नाच (पवंरिया, हुड़का आ ठकरा) के शानदार प्रस्तुति। एकरा सङ्गे-संग आपन संस्कृति के प्रति नयका पीढ़ी में जागरूकता लावे खातिर से ई ‘पुरुआ प्रतिभा पहचान प्रतियोगिता-2019’ के अंतर्गत चम्पारण के अलग-अलग स्कूल से चुनाइल प्रतिभागी छात्र/छात्रा के भोजपुरी के संस्कार आ पारंपरिक गीत के प्रस्तुति।

पुरुआ परिवार सगरी श्लील भोजपुरिया मनोरंजन आ माई भाषा प्रेमी से निहोरा करता रउआ एह कार्यक्रम में बढ़ चढ़ के भाग लीं आ एह भोजपुरिया सांस्कृतिक यज्ञ के साक्षी बनीं।

सभे से सादर निहोरा बा की जरूर पहुंची एह कार्यक्रम में।

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं