पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के होली मिलन समारोह मनावल गइल

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

हर बरीस के तरे असवों पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा गाजियाबाद के होली मिलन समारोह अग्रसेन भवन गाजियाबाद में मनावल गइल। समारोह में मुख्य अतिथि का रूप में गाजियाबाद के मेयर श्रीमती आशा शर्मा जी आउर समारोह अध्यक्ष का रूप में विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजीत दुबे जी आ विशिष्ट अतिथि का रूप मे विधायक अजीत पाल त्यागी जी सिरकत कइलें।

सभे सम्मानित अतिथि लोगन का साथे संस्था के चेयरमैन केदार नाथ तिवारी जी आ अध्यक्ष अशोक श्रीवास्तव जी दीप प्रज्वलन कइके समारोह के आगाज कइने। पूर्व मेयर प्रत्यासी रोमी माथुर जी के सरस्वती वंदना का संगे समारोह के विधिवत शुरुवात भइल। समारोह के मुख्य अतिथि गाजियाबाद के मेयर श्रीमती आशा शर्मा आ विश्व भोजपुरी सम्मेलन के राष्ट्रीय अध्यक्ष अजीत दुबे जी संबोधित कइलें आ आपन शुभकामना दीहलें।

भोजपुरी कहानी पढ़ें खातिर क्लिक करीं

समारोह का शुरुवात में उहाँ आइल गणमान्य लोगन के सम्मान माल्यार्पण आ शाल भेंट कइके कइल गइल। सम्मानित होखे वाला लोगन में वरिष्ठ साहित्यकार डॉ अशोक लव के नाँव विशेष रूप से लीहल जा सकेला। समारोह के पहिलका चरण में पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के स्मारिका “पूर्वोदय” के विमोचन कइल गइल। समारोह के दुसरके चरण में भोजपुरी के गायक लोगन के नाँव रहल। समारोह के दुसरका चरण के मंच संचालन टी वी एंकर आ सुप्रसिद्ध भोजपुरी कवि मनोज भावुक कइलें।

पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के होली मिलन समारोह
पूर्वाञ्चल भोजपुरी महासभा के होली मिलन समारोह

समारोह मे आइल विमल दुबे भोजपुरिया, सीमा तिवारी, संजोली पाण्डेय आ व्यास सूरज मिश्रा अपने भोजपुरी के पारंपरिक गीतन से बरियार माहौल बनवलें। अपने तरह के ई एगो अनूठा कार्यक्रम रहल, जवने के पारिवारिक होली मिलन समारोह कहल जा सकेला। श्लील भोजपुरी गीतन के ई कार्यक्रम सराहे जोग रहल।

समारोह के एह मोका पर श्रीमती शालू पाण्डेय, अरुण पाण्डेय, प्रीति चंद्रा राय, तनुजा द्विवेदी, सरोज त्यागी, भोजपुरी साहित्यकार केशव मोहन पाण्डेय, जे पी द्विवेदी, सुनील सिन्हा, आनंद मणि त्रिपाठी, के के पाण्डेय,जे पी यादव, बी एल भगत, अशोक तिवारी, शैलेंद्र श्रीवास्तव, विद्याशंकर त्रिपाठी, प्रमोद श्रीवास्तव, कैप्टन गोपाल सिंह, अखिलेश मिश्र आ ब्रजेश प्रसाद सहित गाजियाबाद के अनेक गणमान्य लोग उपस्थित रहनें।

आपन राय जरूर दीं