रंगश्री युवा भोजपुरी नाट्यलेखन प्रतियोगिता

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी भाषा आ साहित्य के प्रति भोजपुरिया लोग हमेशा से लागल रहल बा बाकी कई दशकन ई ईगो आंदोलन के रूप ले लेले बा। एह आंदोलन के तहत भोजपुरी नाट्य साहित्य के समृद्ध करे में साल 1978 से लागल बा रंगश्री। रंगश्री संस्था के शुरुआत भले बोकारो से भइल बाकी एकर नाट्य मंचन देश भर के कई प्रमुख शहर में हो चुकल बा। लगभग 16 साल से रंगश्री दिल्ली में भोजपुरी रंगकर्म के खाड़ा करे में आपन सक्रिय भूमिका निभा रहल बा। रंगश्री के संस्थापक आ सुप्रसिद्ध रंगकर्मी श्री महेंद्र प्रसाद सिंह के भोजपुरी रंगकर्म खातिर दिल्ली सरकार द्वारा “बिहार सम्मान” से भी नवाजल जा चुकल बा।

भोजपुरी नाट्य-साहित्य के संरक्षित आ समृद्ध करे में लागल संस्था “रंगश्री” के हमेशा से एगो कोशिश रहल बा की भोजपुरी नाटकन के मंचन देश के अलग-अलग कोना में होत रहे। एकरा साथे – साथे इहो कोशिश रहल बा की भोजपुरी के नाटक दोसरा भाषा में आ दोसरा भाषा के नाटक भोजपुरी में होखे ताकि भोजपुरी नाटकन के आउर सशक्त बनावे में आ लोग के असली भोजपुरी से साक्षात्कार करावे में एक कदम आगे बढ़ल जाओ। रंगश्री के प्रयास रहल बा की भोजपुरी के नाया-नाया कलाकारन के भी आगे बढ़ावल जाओ एहिसे रंगश्री आयोजित कर रहल बा “रंगश्री भोजपुरी नाट्यलेखन प्रतियोगिता”।

भोजपुरी नाट्यलेखन प्रतियोगिता के नियम आ शर्तः

    1. प्रतियोगिता में भागीदारी सभे खातिर निःषुल्क बा।
    2. एगो रचनाकार एकेगो नाटक भेज सकेलें।
    3. नाटक के भासा भोजपुरी हीं होखे के चाही, दोसर कवनो भाशा के नाटक शामिल ना कइल जाई।
    4. चयन समिति कवनो देरी आ क्षति खातिर जवाबदेह नइखे।
    5. रचनाकार के लिखित पत्र देवे के होई कि जवन नाटक भेजल जाता ओकर कबो मंचन भा प्रकाषन नइखे भइल
    6. रचना क्रुति देव भा मंगल में टाइप कर के ईमेल से चाहें या हार्डकॉपी डाक से भेजे के होई।
    7. हाथ से लिखल रचना स्वीकार ना होई।
    8. अगर नाटक कवनो दोसर भासा के नाटक से मिलत होई त रचना के एह प्रतियोगिता से अगल क दिआई।
    9. रचना के साथे निम्नलिखित व्योरा भेजल जरूरी होई
      • नाटककार के पूरा पता (पिन कोड के साथे)
      • फोटो आ बायोडाटा
      • नाटक के सराषं आ लेखक के आपन विचार।
    10. नाटक के अवधि कम से कम 1 घंटा से अधिका होखे के चाहीं।
    11. चयन समिति के निर्णय अंतिम होई, चयन के संबंध में कवनो पत्राचार पर विचार ना कइल जाई।
    12. विजेता के घोशणा आ पुरस्कार अक्टूबर के कार्यक्रम में कइल जाई।
    13. नवजागरण प्रकाषन के सहयोग से पुरस्कृत नाटकन के एगो नाटक संग्रह प्रकाषित कइल जाई।
    14. आयू सीमा अधिकतम 40 बरिस
    15. रचना भेजे खातिर ईमेल : rangashree@rocketmail.com, project@rangashree.in
    16. रचना भेजें के अंतिम तारीख 31 अगस्त, 2017

    एह प्रतियोगिता में केहू भी आपन भोजपुरी के नाटक भेज के शामिल हो सकेला। नाटक के अवधि कम से कम 1 घंटा के होखे के चाहीं। नाटक भेजे के आखिरी तारीख बा 31 अगस्त 2017, अक्टूबर में विजेता के घोषणा होई आ पहिला, दूसरा, तीसरा स्थान पावे वाला लेखक के इनाम स्वरूप नगद राशि भी मिली।

    एह अभियान के आउर मजबूती देवे खातिर नवजागरण प्रकाशन चयनित नाटकन के प्रकाशन कराई आ लेखक के 2-2 गई प्रति दी। भोजपुरी में लिखेवाला लोग खातिर ई एगो सुनहरा मौका बा। प्रतियोगिता में भाग लेवे के आखिरी तारीख 31 अगस्त बा अधिका जानकारी खातिर पोस्टर में दिहल नंबर पर सम्पर्क कईल जा सकेला।

    भोजपुरी नाट्यलेखन प्रतियोगिता के इनाम

    1. पहिला पुरस्कार – रु. 3100/-
    2. दुसरा पुरस्कार – रु. 2100/-
    3. तीसरा पुरस्कार – रु. 1100/-

आपन राय जरूर दीं