साल खतम होखे से पहिलहीं मिलल बेस्ट एक्टर अवार्ड 2014 रवि किशन के

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

रवि किशन
रवि किशन
भोजपुरी सिनेमा जगत में ई सबसे शर्म के बात सामने आईल बा कि साल के खतम होखे से पहिलहीं साल के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के अवार्ड दे दिहल गईल बा. आ ई अवार्ड भी मिलल बा भोजपुरी सिनेमा जगत के सुपरस्टार कहाये वाला अभिनेता रवि किशन के, एह बात के पुष्टि संजय भूषण पटियाला पाटलिपुत्र न्यूज के फेसबुक पेज पर कईले रहले. जवना के बाद में उ हटा दिहले ओह पर कुछ लोग बधाई आ कुछ लोग एह अवार्ड पर आश्चर्य भी जतवलस. संजय भूषण पटियाला के अनुसार रवि किशन के 2014 के सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के अवार्ड मुम्बई में ‘आप की आवाज’ के जरिये आयोजित भईल भोजपुरी अवार्ड समारोह में फिलिम योद्धा खातिर दिहल गईल. लेकिन अवार्ड देबे वाला के ई पता होखे के चाहीं कि साल के सर्वश्रेष्ठ अवार्ड साल के अंत भईला के बाद दिहल जाला. अभी तऽ एह साल भोजपुरी के कइये बड़ फिलिम प्रदर्शित होखे वाला बा चाहे हाल में भईल बा जवना में नगीना, विजयपथ-एगो जंग, लाडला सहित केतना बड़ फिलिम के नाम शामिल बावे. तऽ ई अवार्ड साल के खतम होखे के 2 महीना पहिलहीं कईसे मिल गईल. एह से तऽ एगो बात साफ बा कि या तऽ अवार्ड देबे में कवनो दोहरी नीति खेलल गईल बा. ना तऽ अवार्ड हीं गलत दिहल गईल बा, चाहे अवार्ड देबे वाला के अवार्ड देबे के लूर नईखे. कुछ अइसने लोगन के चलते आज भोजपुरी सिनेमा जगत के ई दुर्गती हो रहल बा. सभे चारो ओर मजाक बना रहल बा. एही लोगन के चलते हीं अवार्ड के गरिमा भी खतम हो रहल बा. जवन कि भोजपुरी सिनेमा जगत खातिर घोर शर्म के बात बा. अभिनेता आदित्य मोहन कहत बाड़न कि रविकिशन जी हमनी के आइडियल बानी. लेकिन साल के खतम होखे से पहिले हीं सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के जवन अवार्ड दिहल गईल बा. उ एकदम से गलत बा. एह से सगरी आज भोजपुरी सिनेमा कलाकारन के मिले वाला अवार्ड पर भी सवालिया निशान लाग गइल बा आ सगरी मजाक उड़ रहल बा.

साकेत कुमार

आपन राय जरूर दीं