दिन के हिसाब से जतरा के उपाय

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

ज्‍योतिष के अनुसार अगर रउवा कउनो बढ़िया काम के खातिर घर से निकल बानी त ओह दिन के हिसाब से जतरा के उपाय कइला से काम जल्दी होला आ, वो काम में सफलता जाल्दी मिलेला। त आयीं हफ्ता के सातो दिन के जतरा के उपाय के जानल जाव।

दिन के हिसाब से जतरा के उपाय

सोमार (सोमवार) के जतरा:
अगर रउवा सोमार के कउनो जरूरी काम प घर से निकलत बानी त शीशा आपन चेहरा देख के जरूर निकली, काम जरूर सफल होइ।

मंगर (मंगलवार) के जतरा:
मंगर (मंगलवार) के आपन काम सफल बनावे खातिर, घर से निकले के बेरा कुछ मीठ जरूर खायीं, बेसन के लड्डू आ मिठा (गुड़) सबसे बढ़िया मानल जाला।

बुध (बुधवार) के जतरा:
बुध के दिन जतरा बनावे खातिर धनिया के पतई चबा के निकलीं, जतरा बन जाइ।

बियफे (गुरुवार) के जतरा:
अगर रउवा बियफे के कउनो जरूरी काम प घर से निकलत बानी त पियरका सरसो के दू चार गो दाना मुँह में डाल के निकलीं। जतरा बनले बनल बा!

सुक (शुक्रवार) के जतरा:
लक्ष्मी जी के उजर चीज बड़ा पसंद बा आ दूध से बनल चीजन के भोग लगवला से लक्ष्मी माई जल्दी खुश होली, येही से सुक के दही खा के निकलल शुभ मानल जाला आ जतरा ठीक रहेला।

सनिचर (शनिवार) के जतरा:
अगर रउवा सनिचर के कउनो जरूरी काम प घर से निकलत बानी भा ओह दिन के सफल बनावे के चाहत तानी त आदी (अदरक) आ घी (घी) खा के निकलीं।

एतवार (रविवार) के जतरा:
एतवार के जतरा प निकलत बानी त पान के पतई साथे राख के जतरा प निकलीं

आपन राय जरूर दीं