विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल एगो भोजपुरी गीत

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल एगो भोजपुरी गीत (Bhojpuri Geet) , रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल गीत अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

गूंजे जयकार गूंजे जन जन दुआर गूंजे
गुंजेला बाजार में हमार भोजपुरिया
आर गूंजे पार गूंजे नदिया किनार गूंजे
गंगा जी के धरवा में गूंजे भोजपुरिया ।

खेत खरिहान गूंजे साँझ आ बिहान गूंजे
बंशिया के तान में गुंजेला भोजपुरिया
घर से कलेवा लेके आवेली बहुरिया त
अगराइल मान में गुंजेला भोजपुरिया ।

तिसिया के बीच गूंजे छेमिया नगीच गूंजे
खिंच खिंच चुनरिया गुंजेला भोजपुरिया
सरसो के सड़िया उडा़वेली बेअरिया त
अरिया पगरिया गुंजेला भोजपुरिया।

बीरना के गाँव गूंजे बीरना के नांव गूंजे
सिमवा प ठहके त गूंजे भोजपुरिया
शेरनी के दुधवा माई के हउए दुधवा
दुधवा के आन में गुंजेला भोजपुरिया।

कलम के सहारे गूंजे दम के सहारे गूंजे
सरगम धून बनी गूंजे भोजपुरिया
बेटा के बिअहवा में बन्हे जब पगिया त
सुख के सगाई में गुंजेला भोजपुरिया।

विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल अउरी रचना पढ़ें खातिर क्लिक करीं

आपन राय जरूर दीं