विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल चइती गीत

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल चइती गीत (Chaiti Geet) , रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल गीत अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

कुसुमी चुनरिया

रामा सरब दिननवा पेन्हलीं, फटही लुगरिया हो रामा,
हमरा के, कुसुमी चुनरिया लेआ द हो रामा,
हमरा के, कुसुमी चुनरिया लेआ द हो रामा…।

रामा सरब दिनवा रहलीं, बनिके देहतनिया हो रामा,
हमरा के, तनिका सहरिया घुमा द हो रामा,
हमरा के, तनिका सहरिया घुमा द हो रामा… ।

रामा सरब दिनवा खइलीं, घरेके फुटेहरिया हो रामा,
हमरा के, छोलवा भटुरिया खिआ द हो रामा,
हमरा के, छोलवा भटुरिया खिआ द हो रामा…।

रामा सरब दिनवा, चिखलीं मिठकी जउरिया हो रामा,
हमरा के, चेल्हवा मछरिया चिखा द हो रामा,
हमरा के, चेल्हवा मछरिया चिखा द हो रामा…।
——–

अचके में

रामा सुतलऽ में रहलीं, बलम संगे सेजिया हो रामा, अचके में, अचके में पियवा परइले हो रामा,
अचके में, अचके में पियवा परइले हो रामा…।

रामा सालेला दरदिया, बलम बिसरइले हो रामा,
अचके में, नेहिया में अँगुरी छोड़इले हो रामा,
अचके में, नेहिया में अँगुरी छोड़इले हो रामा…।

रामा रतिया के बतिया, सपनवा धुँअइले हो रामा,
अचके में, झुठहूँ के चनवा छुअइले हो रामा,
अचके में, झुठहूँ के सपनवा धुँअइले हो रामा…।

रामा उठऽ उठऽ ननदी, दियनवा जरावऽ हो रामा,
अचके में, निदरदी दरदिया बढ़इले हो रामा,
अचके में, निदरदी दरदिया बढ़इले हो रामा….।
———-

छकुनी से

रामा पढ़े गइलीं गाँवे, गाँवे के इसकुलिया हो रामा,
छकुनी से, मारेला बड़ी महटरवा हो रामा,
छकुनी से, मारेला बड़ी महटरवा हो रामा…।

रामा आवेला इयदिया, चरइलीं बकरिया हो रामा,
छकुनी से, छोटकी नहरिया के जरवा रामा,
छकुनी से, छोटकी नहरिया के जरवा हो रामा.. ।

रामा ए बी से सिखलीं, सिलेटियाअछरिया हो रामा,
छकुनी से, पढा़वे मस्टरवा कम्पुटरवा हो रामा,
छकुनी से, पढ़ावे मस्टरवा कम्पुटरवा हो रामा…।

रामा आवे लगलीं घरवा, देखावेला डहरिया हो रामा,
छकुनी से, परे जन आन ठांव पयरिया हो रामा,
छकुनी से, परे जन आन ठांव पयरिया हो रामा।

विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल अउरी रचना पढ़ें खातिर क्लिक करीं

आपन राय जरूर दीं