विमल कुमार जी के लिखल भोजपुरी गीत

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आई पढ़ल जाव विमल कुमार जी के लिखल भोजपुरी गीत रूपवा के तेज अइसन, रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा विमल कुमार जी के लिखल भोजपुरी गीत अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

करवट बदल बदल के रोज रतिया हम बिताई।
आजाहो मोर सजनवा सहल जाये ना जुदाई।। मुखड़ा ।।
——-

विमल कुमार जी
विमल कुमार जी

जाड़ा जड़$हि के बितल, मौसम बसंत आइल,
महकेला बधरिया, पीयर-पीयर सरसों फुलाइल।
कुहूकेला करेजा दरद केतना हम दबाईं
आजाहो मो सजनवा सहल जाये ना जुदाई।।

देहिया में नेहिया जगावे ई पवनवा
सुना-सुना लागेला भरल ई भवनवा
लोरवा से अँखिया मोर जाले डबडबाई
आजाहो मोर सजनवा सहल जाये ना जुदाई।।

सपनवा में आके दिहिना रवा झाँकी,
दिन में दुअरिया से रहिया हम ताकीं।
विरहीन के दे द आ प्रेम के दवाई,
आजाहो मोर सजनवा सहल जाये ना जुदाई।

रूपवा के तेज अइसन

रूपवा के तेज अइसन
रूपवा के तेज अइसन
रूपवा के तेज अइसन~~~~
देख चांदनी लजा जाले
काली केशिया जब खोले लू
काली केशिया जब खोले लू ~~~~~
त बदली लुका जाले
काली केशिया जब खोले लू
त बदली लुका जाले

गदरल बा देहिया अइसन
जइसे बसंत बहार,
अँखियन के गहराई में
डुबा के देबू का मार।
गदरल बा देहिया अइसन
जइसे बसंत बहार,
अँखियन के गहराई में
डुबा के देबू का मार।
ओठवा के देख ललाई
ओठवा के देख ललाई~~~
ओढ़उल घब राले,
रूपवा के तेज अइसन
देख चांदनी लजा जाले।
काली केशिया जब खोले लू
त बदली लुका जाले।।

चाल चलेलू तू अइसन
जइसे रे बन मोरिनिया,
पउवाँ में पायल झूमे
नाक में नाचे नथनिया।
चाल चलेलू तू अइसन
जइसे रे बन मोरिनिया,
पउवाँ में पायल झूमे
नाक में नाचे नथनियाँ।
हिल-हिल तोहर करधनी
हिल-हिल तोहर करधनी~~~~~
मोर करेज निकाले,
रूपवा के तेज अइसन
देख चांदनी लजा जाले।
काली केशिया जब खोले लू
त बदली लुका जाले।।

जब बो$लेलू तू बतिया
शहद में लपेटि के,
धक धक धड़के छतिया
राखिला समेटि के।
जब बो$ले लू तू बतिया
शहद मे लपेटि के,
धक धक धड़के छतिया
राखि ला समेटि के।
तोहर आवाज़ से मदहोशी
तोहर आवाज़ से मदहोशी~~~~
मौसम में भर जाले,
रूपवा के तेज अइसन
देख चांदनी लजा जाले।
काली केशिया जब खोले लू
त बदली लुका जाले।।

तू चाल चलेलू मटक मटक,दिलवा प बिजली गिरावेलू,
गोरी थाम ल$ हथवा हमार,काहे नखरा देखावेलू।

ई मस्त बदन शराबी नयन,देहिया में अगन लगावेला,
मोर मनवा अटकल तोहरे में,अब दूर नाहीं उड़ पावेला।
दिलवा प कके जादू गोरी,ओढ़नी धानी उड़ावेलू,
गोरी थाम ल$ हथवा हमार,काहे नखरा देखावेलू।

हँसि हँसि के मुँहवा घुमा लेलू, तनका रुक के बतिआ लिहतू,
जनमो जनमो हमरे रहतू,एक बे गोरिया अजमा लिहतू।
देख के नदिया जस मचलेलू,बाकिर गोदिया ना आवेलू,
गोरी थाम ल$ हथवा हमार, काहे नखरा देखावेलू।

दिल मोर दीवाना प्यार में बा,अँखिया में रतिया कटाइना,
अजीब दुबिधा में मन परल, ना रोईं ना मुसुकाइना।
बहियाँ में आके तु झूल जा, काहे प्रेमी के छछनावेलू,
गोरी थाम ल$ हथवा हमार, काहे नखरा देखावेले।

विमल कुमार जी के लिखल अउरी रचना पढ़े खातिर क्लिक करीं

इहो पढ़ीं
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १
भोजपुरी पहेली | बुझउवल
भोजपुरी मुहावरा और अर्थ

आपन राय जरूर दीं