विनोद भोजपुरीया जी के लिखल दू गो गाना

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

जिनगी के सपना सगहि सजावेली।।
दिनभर हसेली हमके हॉसावेली ।।
होखेला हमनी भले तकरार हो ।।
हमार बेलना वाली हमरे से करेली प्यार हो।।

विनोद भोजपुरीया जी
विनोद भोजपुरीया जी

भुखाइल-पियासल जब घरवा आइले ।।
सुखल-पाकल दुनो बेकत संगहि खाइले ।।
हमरो करेली सझिया-बिहान इन्तजार हो ।।
होखेला भले हमनी के तकरार हो ।।
हमार बेलना वाली हमरे से करेली प्यार हो।।

करे चुल्हा-चउका करे सानी -पानी ।।
कहे ली चली जवन लेली राजा -जानी ।।
राउरे से बसल बा हमार घर संसार हो ।।
होखेला भले हमनी के तकरार हो ।।
हमार बेलना वाली हमरे से करेली प्यार हो।।

साथ हि बिते सुख-दुख मे हमनी के दिन -रातवा ।।
इहे गोहरी बिधना कबो नाही छुटे हमनी के साथवा।।
भगवान से इहे बिनती बारे हमारी बार-बार हो ।।
होखेला भले हमनी के तकरार हो ।।
हमर बेलना वाली हमरे से करेली प्यार हो ।।

————————————————————————

जेतना तू समझे ल$ हम ओतना महान थोडे बानी ।।
हम हाई गरीब के बेटा ओतना धनवान थोडे बानी ।।

हाई अंग्रेजीया में का का लिखे ला$ हाय बाय करिया ।
इण्टर पास हाई ओतना कौनो विद्वान थोडे बानी ।।

हमरा से वाट्सैप नम्बर आउर फोटो रोज रोज मागेल$।
का हम फेसबुक के का कौनौ दुकान थोडे बानी ।।

अब रोज-रोज भला पोस्ट अपडेट कैसे करी आपन ।
अउरकाम बा खली इही पर रखले धियान थोडे बानी ।।

जब फुर्सत पाई ले तब तब आनलाइन हो जाइ ले हम
का एकरे बिना हमार काम रुकी करत नुकसान थोडे बानी ।।

ज्यादा नाराज मत होखिह हमर ई पोस्टवा पढ़ पढ़ के ।
आखिर हमहू जानल पहिचानल अनजान थोडे बानी ।।

इज्जत करिह$ त हमहूँ इज्जत से बात करब तोहसे ।।
हमहूँ “विनोद ” हाई ये बाबू कौनौ हैवान थोड बानी ।।

विनोद भोजपुरीया
गौशला रोड,सीवान (बिहार)
841227
फोन नो०-9667301245

इहो पढ़ीं: अमरेन्द्र जी के लिखल घसगढ़ी के पढ़ाई | एगो हास व्यंग

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पहिलका दिन

आपन राय जरूर दीं