आखिर काहे निरहुआ गरीअइलस पत्रकार शशिकांत के : विवेक सिंह

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी फिल्म के स्वघोषित सुपर स्टार “निरहुआ” भी पत्रकार शशिकांत सिंह के फोन में ना सिर्फ गाली ही देले ह बल्कि शशिकांत सिंह के धमकी देले ह।। धमकी में निरहुआ कहले ह की “”जहिया हम मुम्बई पहुचें तोरा घर मे घुस के मारेम अउर तोर टुकड़ा-टुकड़ा काटें”” जान से मारे के धमकी निरहुआ फिल्मी स्टाइल में देले बाड़े।।

आप सब के बता देत बानी की शशिकांत सिंह एगो जुझारू पत्रकार के साथे साथे ‘चैंबर ऑफ फिल्म जर्नलिस्ट’ (सीएफजे) के सदस्य हवे।। एकरा साथ साथ उ सोशल मीडिया पे भी काफी सक्रिय रहे ले.. एह वजह से निरहुआ के अभी हाल में ही प्रदर्शित फिल्म ‘बॉर्डर’ के बारे में जब प्रचार कइल जात रहल ह ई फिल्म सलमान खान के फिल्म ‘रेस-3’ के पछाड़ देले बा, तब शशिकांत सिंह आपन पत्रकारिता धर्म के पालन कर के फेसबुक के पेज पर ‘बॉर्डर’ के पूरा आकडा पेस कर देले।।

बस , इहे सच निरहुआ के हजम न भइल अउर उ खिसिया के शशिकांत सिंह के फोन कर के आपन मन के भड़ास गाली अउर धमकी से निकाल देहले। अउर साथ मे जान से मारे के हिदायत भी देले,उहो घर मे घुस के मारे के। जब कि शशिकांत सिंह ई बात के दौरान निरहुआ के समझावे के बहुत कोशिश भी कइले.. की आप पक्ष रखी, हम ओकरो के सार्वजनिक कर देमं। लेकिंन निरहुआ अपना गुस्सा के आगे उनकर एक न सुनले! अउर इहे ना शशिकांत सिंह निरहुआ के ई बातचीत सुरु होखे से पहिले ही बता देले रहले की ई सब बात मोबाइल में रिकॉडिंग होता। ई बात के शशिकांत सिंह फिर से दोहरावे के भी प्रयास कइले लेकिन निरहुआ आपन गुस्सा के आवेश में पूरा बद्तमीजी के हद पार कर देले रहले।।(निरहुआ अउर शशिकांत सिंह के बीच भइल बात के ऑडियो आप सब भी सुन सकत बानी)!!

ई घटना से आहत शशिकांत सिंह से संपर्क कइला पे पता चलल ह की निरहुआ के खिलाफ उ तुलिज पुलिस स्टेशन में आज रिपोट दर्ज कइले ह। ‘सीएफजे’ के सचिव धर्मेन्द्र प्रताप सिंह भी निरहुआ के कटु व्यवहार पर निरहुआ के घोर नींदा कइले ह। ‘महाराष्ट पुलिस से मांग करतानी की निरहुआ के विरुद्ध सख्त से सख्त कानूनकार्यवाही कइल जाव ताकि फ़िल्म पत्रकार लोग के निशाना बनावत तमाम सेलिब्रिटीज के सबक मिल सके!?

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।।

आपन राय जरूर दीं