तांबा के बरतन में पानी पाये के फायदा

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

आयुर्वेद से लेके साइंस तक तांबा के बरतन में पानी पाये के फायदेमंद माने ला। तांबा के बरतन में पानी पाये के फायदा सब से ज्यादा पेट के होला।

तांबा के बरतन में पानी पाये के फायदा:

१. तांबा के बरतन में पानी पाये से फायदा सीधे तौर पर रउवा शरीर प होला आ इ शरीर में कॉपर के कमी पूरा करेला आ शरीर में बीमारी पैदा करें वाला बैक्टीरिया से सुरक्षा देला।

२. तांबा के बरतन में राखल पानी एकदम शुद्ध होला इ डायरिया, पीलिया आ डिसेंट्री के पैदा करें वाला बैक्टीरिया के ख़तम कर देला।

३. तांबा में एंटी-इन्फ्लेमेटरी गुण होला जवन कि शरीर में दर्द, ऐंठन और सूजन के समस्या ना होखे देला। ऑर्थराइटिस के समस्या से निपटने में भी तांबा के पानी फायदेमंद होला।

४. अमेरिकन कैंसर सोसायटी के हिसाब से तांबा कैंसर के शुरुआत के रोके में मदद करेला।

५. पेट के सब बेमारी में तांबा के पानी फायदेमंद होला। रोज तांबा के बरतन में पानी पियला से पेट दर्द, गैस, एसिडिटी आ कब्ज जइसन परेशानी से निजात मिलेला।

६. शरीर के आंतरिक सफाई खातिर तांबा के पानी बहुत फायदेमंद होला एकरा अलावा लिवर आ किडनी के स्वस्थ राखेला।

७. तांबा के पानी पाचनतंत्र के बेहतर आ मजबूत बनावेला। रात में तांबा के बरतन में पानी राख के आ सबेरे पियला से पाचन तंत्र ठीक रहेला।

८. तांबा के पानी दिल के स्वस्थ रखे ला, बैड कोलेस्ट्रॉल के कम करेला आ एकरा आलवा हार्ट अटैक के खतरा भी कम करेला।

आपन राय जरूर दीं