बोलिया पपीहरा के

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

सुने खातिर बोलिया पपीहरा के हो बालम लेई चल$ गाँव में,निमिया के छाव में…

सुने खातिर बोलिया कोइलिया के हो बालम लेई चल$ गाँव में,निमिया के छाव में…

छोटकी चिरैया हमरा अंगना में बसेली
खोतवा बनाई चिरई चिहू चिहु हसेलि
करे खातिर संगे अटखेलिया नु हो, बालम लेई चल$ गाँव में,निमिया के छाव में…

शहरी बेअरिया बेमारी बढ़ावे
हेतना अजोर मिली मन ना लगावे
ढेबरी के देखे के अजोरिया नु हो, बालम लेई चल$ गाँव में,निमिया के छाव में…

हरिहर मिजाज होई देखि हरिहराई
भागी सारा दुःख कबो पीछे न आई
देखि देखि घरवा दुआरवा नु हो, बालम लेई चल$ गाँव में,निमिया के छाव में…

गुड़िया पाण्डेय(गोपालगंज)

आपन राय जरूर दीं