धनंजय तिवारी जी के लिखल दुसरकी शादी

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

ऑटो से उतरते अमित के दीदी के फोन आ गईल. दीदी के फेरु उहे रट, कि दुसर शादी क ल. रिश्ता निमन आईल बा. इ रट लगावे वाला उ इकलौता ना रहली. लगभग सगरो रिश्तेदार के इहे हाल रहे, सब केहू के मत रहे कि अमित के दुसर शादी क लेबे के चाही।

कुछ दिन पहिले अमित के पत्नी के असामयिक मौत हो गईल रहे. उमिर के एकदम दोराहा पर उ खड़ा रहले जब विधुर भईले, चालीस के उमिर रहे। भला इहो कवनो उमिर रहे विधुर होखे के. सगरो रिश्तेदार के इहे चिंता रहे कि अबे त इनकर लमहर उमिर पडल बा. अकेल जिनगी कईसे बीती, लेकिन अमित के चिंता दूसर रहे। दुगो बच्चा रहे लोग. आठ साल के बेटा औरी 6 साल के बेटी। उ ऐ लोग के चिंता में डूबल रहले। उहो जानत रहले कि अभी पहाड़ नियर जिनगी रहे औरी अकेल काटल दुस्वार रहे। दोस्त रिश्तेदार के सलाह पर उ मन के मनावस पर जईसे ही उनकर नजर ओ लोग पर डालस जे बच्चन के रहते दुसर बियाह कईले रहे त उनकर मन डेरा जा. मायभा महतारी के सौतेला बच्चन के साथै दुर्व्यवहार देख के उनकर मन काप उठे औरी एही से उ कवनो फैसला ना ले पावस. बच्चा उनकर जिनगी रहल सन, अभी बच्चन के दाई देखत रहे।

दीदी के बात खत्म भईल तबले उ अपना बिल्डिंग के नीचे पहुच गईल रहले औरी बिल्डिंग के नजारा देख के त उनकर होश उड़ गईल. उनकर फ्लैट ग्राउंड फ्लोर पर रहे औरी ओयिमे से आग के लपट निकलत रहे, ढेर सारा लोग बाहर से आवाज करत रहे पर अन्दर जाए के केहू के हिम्मत ना रहे।

उनकर खून पानी हो गईल. बच्चा कुल त घर के अन्दर ही रहल सन, उ कूद के फ्लैट के अंदर घुसे के कोशिश कईले पर लोग पकड़ लिहल। अन्दर गईल के मतलब कि मौत के मुह में जाईल रहे। दाई से पता चलल कि किचन में सिलिंडर फाट गईल रहे, चुकी किचेन हाल औरी बेडरूम के बीच रहे त बेडरूम में गईल असंभव रहे। दुनु बच्चा लोग बेडरूम में घेरायिल र।

अग्निशमन दल के आवे में समय रहे।
अमित से अब बर्दाश्त ना हो सकत रहे, ऐ जिनगी के अर्थ का रहे जब बच्चा ही ना रहित सन। उ लोग के बंधन छोड़ा के अन्दर आगि में घुस गईले, लोग चिल्लाये लागल.
अचानक अमित के नींद खुल गईल, उ घबरा के उठले औरी पास में सुतल बच्चन के टटोल के देखले. दुनु जाना आराम से सुतल रहे लोग। ओह केतना भयानक सपना रहे. ac चालला के बाद भी उ पसीना पसीना हो गईल रहले।

सारा देवी देवता लोग के गोड लाग के धन्यबाद देहले औरी अब उनका मन में कवनो दुविधा ना रहे।
जवना बच्चन कुल के उ सपना में भी आग में घिरल ना देख सकत रहले, उ कयिसे वास्तविक जिनगी में आग के झोक सकत रहले।
उ तय क लेहले कि काल्ह सब के फोन क के बोल देब कि हम दुसरकी शादी ना करेब।

भोजपुरी के कुछ उपयोगी वीडियो जरूर देखीं

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी न्यूज़ ( Bhojpuri news ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं