विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल भोजपुरी गजल

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल भोजपुरी गजल, रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल गजल अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

लोग कुछ भी कहे

वोजह कवनो रहे बात त चलते रहे
लोग कुछ भी कहे बात त चलते रहे

ऐने हप्ता दिन से कुछ अनबन रहल
बाधा रहे त रहे मुलकात त चलते रहे

काहे केहूके बा अनबन जाने के मन
खुदकी चले जले शरारत त चलते रहे

दिन में भले ना चले मिले सोहाये के
चाननी रात तऽ सोहात त चलते रहे

दर्द बढ़ेके रहे ना दिलके कहेके विद्या
समय के साथ से ओरात त चलते रहे।

——

अंगार अबहीं तलफल बा

लहर त बुत गइल अंगार अबहीं तलफल बा
कहीं हवा बा बेसी रफ्तार अबहीं हलचल बा

लपेट में कमे आवेला आग के हवा देबे ओला
धरा गइल उहे जे बेगुनाह अबहीं निश्छल बा

शीशा के चूर क देलस ढेला बा औरी ताक में
होखे के पता चाहीं राह में अबहीं दलदल बा

पूरा भरोसा कइल मुनासिब ना होला कबहूँ
आदमी उहे बा नीयत में अबहीं कलछल बा

बस्ती बस्ती आ शहर में चलल चर्चा बा विद्या
शोर कमल बा पर गली में अबहीं गलबल बा ।
——–

काहे केहू आसरा देला

जाला बाहर तऽ काहे केहू आसरा देला
लोर ढरका देला काहे केहू आसरा देला

बिहँसे के साध ना केकर हउए दिल से
दिल बिहरा देला काहे केहू आसरा देला

दिन तिके के होला त रात होला झखे के
आश चिहिका देला काहे केहू आसरा देला

दिन गिनती कइल कठिन होला अँगुरी प
रोज कुहूँका देला काहे केहू आसरा देला

अंग फरके त बढ़े लागेला धड़कन विद्या
समय बिता देला काहे केहू आसरा देला ।

विद्या शंकर विद्यार्थी जी के लिखल अउरी रचना पढ़ें खातिर क्लिक करीं

इहो पढ़ीं
भोजपुरी गीतों के प्रकार
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १
भोजपुरी पहेली | बुझउवल
भोजपुरी मुहावरा और अर्थ
अनेक शब्द खातिर एक शब्द : भाग १
लइकाई के खेल ओका – बोका
भोजपुरी व्याकरण : भाग १
सोहर

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं