भोजपुरी कविता हम नारी आधार जगत के : आकृति विज्ञा ‘अर्पण’ जी

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आयीं पढ़ल जाव आकृति विज्ञा ‘अर्पण’ जी के लिखल कुछ भोजपुरी कविता हम नारी आधार जगत के… , रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं, अगर रउवा आकृति विज्ञा ‘अर्पण’ जी के लिखल भोजपुरी कविता अच्छा लागल त शेयर आ लाइक जरूर करी।

ना जानीले साज हे लोगवा
ना जानीं श्रृंगार जगत के
एतना बाकिर जानीलें कि
हम नारी आधार जगत के…

आकृति विज्ञा 'अर्पण' जी
आकृति विज्ञा ‘अर्पण’ जी

हाँ ,हम नारी आधार जगत के
दुनिया के गति हमरे से
हमरे आँसू से अवनति
जग के उन्नति हमरे से
पूजिके पाहन देवता कईलीं
हम आराध्या मरम भगत के…
हम नारी आधार जगत के….

हाँ, हम नारी आधार जगत के
हम सिया राम के शिव के शक्ति
कई रूप में नेह पुजारिन
राधा मीरा लखन के भक्ति
हमसे नर, नर से हम बानी
हम प्रकृति अवतार जगत के…

हम नारी आधार जगत के
हाँ हम नारी आधार जगत के
जब अंत समय अईहें कलियुग के
घड़ा पाप के भरि जईहें
संयम के सीमा लांघ पाप
पुण्य के पीछे पड़ि जईहें
तब बैष्णवी रूप में ब्याह रचाईब
हम करबें उद्धार जगत के
हम नारी आधार जगत के……

इहो पढ़ीं:
भोजपुरी पर्यायवाची शब्द – भाग १
भोजपुरी बालगीत
भोजपुरी पहेली | बुझउवल

आपन राय जरूर दीं