बड़ी फायदेमंद बा बसिया भात

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

बसिया भात हमनी के बेकार समझ के माल गोरु के खिया दिहल जाला ना त फेक दियाला। लेकिन अगिला बेर से जब भात बच जाव त फेकेब मत, काहेकि बसिया भात बहुत फायदे मंद होला।

रउवा घर मे भात बच जाव त फेकीं मत ओकरा के माटी के बरतन में रात भर पानी में फुला दीं आ सबेरे पियाज आ हरिहर मारीचा के साथे नासता में खायीं, मियाज खुस हो जाई, भले इ राउर फेवरेट नासता ना होखे बाकिर बसिया भात के फायदा सुन के राउर फेवरेट नासता जरुर हो जाई।

  1. बसिया भात के तासीर ठण्डा होला, उपर बतावल तरीका से रोज भात खाईला से रउवा देह के गरमी (टेंपरेचर) कंट्रोल में रहीं।
  2. भात में फाइबर भरपूर होला जवन कि कब्ज के बेमारी दूर रखेला।
  3. भात बसिया खाइल रउवा के दिन भर फ्रेश रखेला आ दिन भर काम करे के एनर्जी भी देला।
  4. अगर रउवा अलसर के समस्या बा त कम से कम हपता में तीन हाली भात बसिया खायीं, घाव जलदी ठीक हो जाई
  5. अगर रउवा चाय भा कॉफ़ी के लत बा त सबेर सबेर भात के बसिया खायीं, जल्दी कंट्रोल हो जाई।

एगो स्टडी के हिसाब से बसिया-भात में माइक्रो-न्यूट्रीएंट्स आ कई गो जरूरी मिनरल्स होला, येही से रोज बसिया भात खाइल सेहत खातिर फायदे मंद होला

आपन राय जरूर दीं