बिहार में जनकवि भिखारी ठाकुर के जन्मभूमि पर : विवेक सिंह

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

कुतुबपुर बिहार के छपरा जिला में सोन नदी के तीर पर बसे वाला गांव।आजो ई गांव उहे सुगंध छोड़त बा जवन जनकवि भिखारी ठाकुर के बेर छोड़त रहे।जी ह उहे भिखारी ठाकुर जे जगह जगह आपन कविता,गीत अउर नाट्य के जरिये, आपन भोजपुरी के ई हिंदुस्तान से बाहर सात समुंदर पार भी बिख्यात कइले।

भोजपुरी साहित्यकार, गीतकार, अनेको नाटक के रचईता जवन अपना भोजपुरी लहजा में भीखारी बाबा देहनी। उ आजो अमर बा। समाज के दुराचार कुरीति खातिर सुमार्गदर्शन बा। जब भिखारी बाबा अपना मीठ भोजपुरी लहजा में काव्य, संगीत, नाटक द्वारा प्रस्तुत करस। उ खाली सुन के सुने अउर कहे जोग ना रहे। बलकी उ समाज, परिवार,अउर खुद पर भी अमल करें जोग रहे।
उहे के 131 वा जन्मसमारोह में उहे के पावन भूमि पर सम्मानित भइल बहुत गर्व के बात बा।

दिनाक–18.12.2018 के भिखारी धाम, कुतुबपुर, सारण(छपरा)- बिहार में जनकवि भिखारी ठाकुर के जन्मभूमि पर 131 जनमोत्स्व बड़ा धूमधाम से मनावल गइल ह।जवना में भोजपुरी साहित्यक कार्यक्रम,स्वच्छ भोजपुरिया अउर सांस्कृतिक समारोह भइल

ई समारोह में आइल स्वच्छ भोजपुरिया समाज के कुछ युवा लोग जे अपना स्वच्छ भोजपुरी खातिर लड़त बा अपना लेखनी से गायकी से अपना श्रम से अपना टेक्निकल सयोग से आपन माई भाखा के दूषित होखे से बचावत बा।उ सब कोहू के भिखारी ठाकुर सम्मान-2018 से सम्मानित कइल गईल।

√ विवेक दिप पाठक(आरा) स्वच्छ भोजपुरी के योद्धा युवा पत्रकार जे आरा से दिल्ली तक भोजपुरी के स्वाभिमान 8 वि सूचि में सामिल करे ला। पदयात्रा कइनी।
√ चन्दन कुमार सिंह (jogira.com) जवन (गोपालगंज के हई) अभी दिल्ली में बानी भोजपुरी के गूगल द्वारा समान मिलल अभि ई jogira. Com बेबसाइड के।
√अलोक कुमार चौबे(स्वच्छ भोजपुरी के युवा आंदोलनकारी जनजागरण आरा)
√विवेक सिंह( भोजपुरी नाटक, कहानी अउर कविता लेखक सिवान,पंजवार से।)
√शैलेन्द्र मिश्रा (लोक गायक अउर अश्लीलता के खिलाफ चल रहल आखर द्वारा मुहिम के एगो स्तम्भ बलिया से)
√रंजन पाण्डेय (लोक गायिका छपरा)
√विजय सोनी(लोक गायक पटना)
√अदर्शक्ति(लोक गायिका पटना)
√राजीव राज बग़िबलिया(लोक गायक साथ में महुवा चेनल पर आवे वाला गीत संगीत के सुर प्रतियोगी बलिया से)
√एक्टर्स वैष्णवी (छपरा)
ई सब के साथे साथे अउर स्थाई स्वच्छ भोजपुरी समाज के सहीयोगी लोग सम्मानित भइल

सम्मानित करता–
√ अध्यक्ष ललन राय जी।
√ संरछक विनय राय जी।
√ सचिव कृष्णा कुमार वैष्णवी जी।
सचिव कृष्णा कुमार वैष्णवी जी द्वारा ई भोजपुरी के महान योद्धा के स्वच्छ भोजपुरी कार्यक्रम सम्पनय भईल।

विवेक सिंह,सिवान

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
जानवर के नाम भोजपुरी में
भोजपुरी में चिरई चुरुंग के नाम

आपन राय जरूर दीं