कान छोड़ दे हमहुं हो गइलीं सेआन रे माई

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

रहलीं लइका त नोचलीस तेहुं कान रे माई
कान छोड़ दे हमहुं हो गइलीं सेआन रे माई।

देखि देखि हँसतारे गँउवा के लोगवा
कान ध के नोचतारिस सभके सोझवा
हमरा उमिरिया के राखु तनीं धेआन रे माई
कान छोड़ दे हमहुं हो गइलीं सेआन रे माई।

खा लेनीं खइनीं त कवन गलती कइलीं
बाबुजी भईया के देखि के सिख गइलीं
झूठ बोलत नइखीं बतिया तेहुं मान रे माई
कान छोड़ दे हमहुं हो गइलीं सेआन रे माई।

लागेला लाज मेहरी करत रहे नाज
बनल इजतिया के खुल गइल राज
बनि देखाइब हमु सूरूज अउर चान रे माई
कान छोड़ दे हमहुं हो गइलीं सेआन रे माई।

खातानीं किरिआ जनि करु फिकिरिआ
कहु त देखाईं हमुं चीर के शरीरिया
नाज करबे तेहुं बनम निमन इंसान रे माई
कान छोड़ दे हमहुं हो गइलीं सेआन रे माई।

विमल कुमार
ग्राम +पोस्ट-जमुआँव
थाना-पीरो,भोजपुर [बिहार]

रउवा खातिर:
भोजपुरी मुहावरा आउर कहाउत
देहाती गारी आ ओरहन
भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पहिलका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : दुसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : तिसरका दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : चउथा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : पांचवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : छठवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : सातवा दिन
कइसे भोजपुरी सिखल जाव : आठवाँ दिन

आपन राय जरूर दीं