भोजपुरी खातिर विशाल धरना प्रदर्शन 21 फरवरी 2018 के

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

भोजपुरी के संवैधानिक मान्यता आ आठवीं अनुसूची में शामिल करावे खातिर “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के बैनर तले राष्ट्र स्तर पर चलावाल जा रहल भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन के तहत आगामी 21 फरवरी 2018, दिन बुधवार के आठवाँ विशाल धरना प्रदर्शन के आयोजन अभियान के राष्ट्रीय अध्यक्ष संतोष पटेल के नेतृत्व में दिल्ली के संसद मार्ग पर कइल गइल बा।

बतावत चली कि भोजपुरी भाषा मान्यता आंदोलन “भोजपुरी जन जागरण अभियान” देश भर मे भोजपुरी के संविधान में शामिल करावे खातिर संघर्ष कर रहल बा आ साहित्य एवं संस्कृति के सहेजे के काम कर रहल बा। एकरा पहिले “भोजपुरी जन जागरण अभियान” के बैनर तले 6 अगस्त 2015, 10 दिसम्बर 2015, 21 फ़रवरी 2016 , 8 अगस्त 2016, 15 नवम्बर 2016, 21 फ़रवरी 2017 तथा 9 अगस्त 2017 के धरना प्रदर्शन हो चुकल बा आउर ज्ञापन आ माँग पत्र प्रधानमंत्री, गृहमंत्री आ अन्य मंत्री, सांसद लोगन के सौपल गइल बा। कुछ सांसद आ मंत्री समर्थन में आगे भी आइल बाड़न।परन्तु सरकार आपन मनसा अभी तक स्पष्ट नइखे कर पावत।एकरे के लेके ई आठवाँ धरना प्रदर्शन अंतरराष्ट्रीय मातृ भाषा दिवस के दिना रखाइल बा।

भोजपुरी जन जागरण अभियान के राष्ट्रीय संयोजक सह झारखंड प्रभारी राजेश भोजपुरिया सभे भोजपुरी के संस्था, भोजपुरी प्रेमी, साहित्यकार,पत्रकार, समाजसेवी, गायक कलाकार, कलाकार, रंगकर्मी, राजनेता, भोजपुरी से जुड़ल सभे लोगन से एह धरना प्रदर्शन में अबकी शामिल होखे खातिर अपील कइले बाड़न।

एह धरना में छत्तीसगढ़, उत्तरप्रदेश, चम्पारण, मध्यप्रदेश, बिहार, झारखंड, के अलावा मुम्बई, कोलकाता,असम आ देश के कई भोजपुरी क्षेत्र से भोजपुरी भाषा भाषी व प्रतिनिधि शामिल होइहे। भोजपुरी भाषा के सम्मान आ आपन हक खातिर भोजपुरी भाषा भाषियन के जुटान होई।

राजेश भोजपुरिया, (राष्ट्रीय संयोजक), भोजपुरी जन जागरण अभियान

फैला देवल जाय, दूर दूर तक ई खबरिया,
21 फरबरी 2018 के जुट तारे भोजपुरिया।।

आपन राय जरूर दीं