शैलेन्द्र कुमार साधु लिखल जी के लिखल दू गो रचना

0
भोजपुरी के बढ़िया वीडियो देखे खातिर आ हमनी के चैनल सब्सक्राइब करे खातिर क्लिक करीं।

परनाम ! स्वागत बा राउर जोगीरा डॉट कॉम प, आई पढ़ल जाव शैलेन्द्र कुमार साधु लिखल जी के लिखल दू गो रचना । रउवा सब से निहोरा बा कि पढ़ला के बाद आपन राय जरूर दीं आ रउवा निर्भय नीर जी के लिखल रचना अच्छा लागल त शेयर जरूर करी।

रिहता रहे भाई के

बाडा आशा करिके रक्षा बन्हलु,
रिहता रहे भाई के,
भरम तुर देलख,दुसकरम् कर जलाई के।

कही दहेज के बलि चढलु,कही राही के रोडा हो,
कडी मेहनतसे दिन-राती एककरेलु,
तबहु दुशासनके ओरा हो।

कईसन दिन ह, रात होता काली
जड-जड के मरतिया,कोखी के लाली।

फेकी द कलम, छोर द उ भरम्,
उठाव हथियार,तलवार भांजअ हरदम।

कईसन जुग बा,कवन ह सरकार,
कुकरमी राज करता,बबुनीपर होता अत्याचार ।

बह गईल इजत ,मरयादा पानी-पानी,
चुपी तुरअ बबुनी,बन जा झांसीके रानी।

आँखीसे देखल करऽ,
मारल गईल दामिनी,निर्भया आ प्रियंका के,
पापियनके नाश कर दऽ, जल्दी जलादऽ लंका के।

चिन्हल करऽएकनीके,
भीतरे गाद बच्छमुह बा,
देखल करऽ सडकसे भवन ले बरका समुह बा।

कहलजाला ईदेश ह चिडिया सोनाके,
रहल मसकिल बा,नारी के कोना-कोना के।
उजरे पेन्ह घूमीके,कहे अपनेके ह धरमी,
आज हम जननी,ईहे रहे कुकरमी।

दुनिया मे बडका कानुन बा अपना देशमे,
तब काहे कुकरमी मिलतारे,
अलगे भेष मे।
ई देखी के “साधुजी”अईले,
होत गलती मे सभे के समझईले।

शैलेन्द्र कुमार साधु

पिआजवा

गजब रेऽपिआजवा, कमाल कईले बा ,
निमनको के जिअल, दुसवार कईले बा।
केहु रहे नुने -दुलम,
केहु मिठाई-मेवा चाभेला,
गरीबबवा के, गरिआवते चले जईसे,
अपना के खुबे, दबंगदेवा लागेला।
तोर भोटवा केनीतिआ,धमाल कईले बा,
गजब रे ऽ………………

बात करि पिआजवा के,बहाना खोज अलगे!
जाति-धरमवामे लडाकेआपन,
खुबे पहचान बनईले बा।
गजब रेऽ……………….

बाह रे पिआजवा, रूपवा अनार धईले बा!
निमनको के जिअल,दुसवार कईले बा।
डरे-सहमके,निकलस बबुनी,
रूप बदलके!
माई-बहिनिया के रिहता शरमसार कईले बा।
गजब रेऽ……………..

बात केहु के,रखे ना देवे!
हर बतिया पर बोलल,बंसाल कईले बा।
नवका बबुआसे पकौड़ा बेचवावे,
कही चोरी मे बबुआ,
जिनगी बेकार कईले बा।
गजब रेऽ………….

फिरी मे जिओ बाटी के,
पुरा नाम कईले बा!
बबुआ के जीवन , कंगाल कईले बा।
आलु -पिआज के, बात छोरी के !
सब गरीबन असुआ के,लाल कईले बा।
बादशाहत मे, ई अमर बावे!
“साधुजी”जस लईकनके,
जिअल हराम कईले बा
गजब रे?पिआजवा, कमाल कईले बा!

जोगीरा डॉट कॉम पऽ भोजपुरी पाठक सब खातिर उपलब्ध सामग्री

ध्यान दीं: भोजपुरी फिल्म न्यूज़ ( Bhojpuri Film News ), भोजपुरी कथा कहानी, कविता आ साहित्य पढ़े  जोगीरा के फेसबुक पेज के लाइक करीं।

आपन राय जरूर दीं